सवैया में रीमा के लहर : घर–घर जनसागर, ‘सूरज छाप’ पर वोट के अपील
सवैया में रीमा के लहर : घर–घर जनसागर, ‘सूरज छाप’ पर वोट के अपील

पर्सा २९ माघ
पर्सागढ़ी नगरपालिका वार्ड नं. ४ सवैया में आयोजित घरदैलो कार्यक्रम में मतदाता के जबरदस्त उत्साह आ भीड़ देखे के मिलल। नेकपा एमाले से पर्सा निर्वाचन क्षेत्र नं.–२ के प्रतिनिधिसभा सदस्य उम्मीदवार रीमा कुमारी यादव टोल–टोल घूम के स्थानीय लोग से सीधा संवाद करत आपन चुनावी एजेण्डा पेश कइली।
घरदैलो दौरान स्थानीय बासिन्दा विकास, रोजगारी, खेती–किसानी आ आधारभूत पूर्वाधार सुधार जइसन मुद्दा उठवले। मतदाता से बातचीत करत उम्मीदवार यादव शिक्षा, स्वास्थ्य, कृषि आ सड़क पूर्वाधार के प्राथमिकता देके काम करे के प्रतिबद्धता जतइली।
उ उम्मेदवार आगामी चुनाव में नेकपा एमाले के चुनाव चिन्ह ‘सूरज’ पर वोट देके अपना के विजयी बनावे के अपील करत कहली कि पर्सा–२ के समग्र विकास खातिर साफ योजना आ मजबूत इच्छाशक्ति जरूरी बा। कार्यक्रम में स्थानीय नेता–कार्यकर्ता आ आम जनता के उल्लेखनीय मौजूदगी रहल।





