झिंगना टोल में सुशील कुमार कानु के घरदैलो से बदलावे के लहर, स्थानीय लोगन के जबरदस्त समर्थन
झिंगना टोल में सुशील कुमार कानु के घरदैलो से बदलावे के लहर, स्थानीय लोगन के जबरदस्त समर्थन

वीरगंज १ फागुन
पर्सा निर्वाचन क्षेत्र नम्बर–२ के पर्सागढी नगरपालिका वडा नम्बर–५ झिंगना टोल में राष्ट्रीय स्वतन्त्र पार्टी (रास्वपा) से प्रतिनिधिसभा सदस्य पद के उम्मीदवार सुशील कुमार कानु के घरदैलो कार्यक्रम निरंतरता के साथ सफलतापूर्वक सम्पन्न भइल बा। प्रतिनिधिसभा चुनाव के लक्ष्य बनाके चलावल गइल एह कार्यक्रम में बुद्धिजीवी, जेष्ठ नागरिक, युवा, महिला आ किसान स्थानीय लोगन के भारी भीड़ आ उत्साहजनक समर्थन देखे के मिलल।
घरदैलो के दौरान स्थानीय लोगन बतवलें कि एह बेर के चुनाव पर्सा–२ में समाजिक बदलाव ले आवे के आस जगवले बा। बुद्धिजीवी, जेष्ठ नागरिक, युवा, महिला आ किसान सभे “एह बेर के वोट बदलाव खातिर” के नारा लगावत उम्मीदवार कानु के समर्थन जतवलें।
उम्मीदवार कानु स्थानीय लोगन से सीधा संवाद करत क्षेत्र के प्रमुख समस्या समाधान करे के प्रतिबद्धता दोहरवले। ऊ पचरुखि टोल समेत पूरा पर्सागढी क्षेत्र में अस्पताल आ स्वास्थ्य सेवा सुधार, खेलकूद पूर्वाधार विकास, किसानन खातिर समय पर खाद आ सिंचाई के पानी उपलब्ध करावे के प्राथमिकता बतवलें।
एहिजा बेरोजगार युवा लोग खातिर स्थानीय स्तर पर पशुपालन संबंधी प्राविधिक सीप तालिम देके रोजगार के अवसर पैदा करे के योजना भी सामने रखल गइल। कानु कहले कि चुनाव जीतला के बाद एह सभ आधारभूत समस्या के चरणबद्ध तरीका से समाधान कइल जाई।






