वीरगंज में रास्वपा उम्मीदवार सुशील कानु के घरदैलो, ५८ नेता–कार्यकर्ता भइलें पार्टी में शामिल
वीरगंज में रास्वपा उम्मीदवार सुशील कानु के घरदैलो, ५८ नेता–कार्यकर्ता भइलें पार्टी में शामिल

वीरगंज, ४ फागुन
राष्ट्रिय स्वतन्त्र पार्टी (रास्वपा) से पर्सा निर्वाचन क्षेत्र नं. २ के प्रतिनिधिसभा सदस्य पद के उम्मीदवार सुशील कुमार कानु सोमबार वीरगंज महानगरपालिका–२८ के बगही आ इनरवा टोल में घरदैलो कार्यक्रम करत जनता से सीधा संवाद कइलन।
घरदैलो के दौरान कानु कहलन कि रास्वपा के नेतृत्व में सरकार बनला पर दलित समुदाय खातिर स्वास्थ्य सेवा में सुधार, शिक्षा में सहज पहुंच आ स्थायी रोजगार के व्यवस्था प्राथमिकता में रखल जाई। ऊ भरोसा जतवले कि जनजीवन के स्तर ऊपर उठावे खातिर ठोस नीति आ कार्यक्रम लागू कइल जाई।
ऊ आगे कहलन कि विकास, रोजगार, शिक्षा आ कृषि उनका मुख्य एजेन्डा बा। “काल्हे ही रास्वपा जनता से आपन करार पत्र सार्वजनिक कइले बा। हमनी पाँच बरिस तक ओही करार के आधार पर काम करब,” कानु कहनी। उनका मुताबिक जनता के जरूरत आ चाहत के आधार पर नीति बना के व्यवहार में दिखे वाला विकास कइल जाई।
कानु समावेशी विकास आ सामाजिक न्याय के पक्ष में पार्टी के प्रतिबद्धता दोहरवले आ कहलन कि रास्वपा सभे वर्ग, समुदाय आ क्षेत्र के हक–हित खातिर काम करी।
घरदैलो के बाद आयोजित पार्टी प्रवेश कार्यक्रम में अलग–अलग राजनीतिक दल छोड़ के ५८ स्थानीय नेता आ कार्यकर्ता रास्वपा में शामिल भइलें। नेकपा (एमाले) के दलित नेता शिसम् महारासहित नेपाली कांग्रेस, जसपा नेपाल आ आजपा से आवत नवप्रवेशी लोग के उम्मीदवार कानु अबिर आ पार्टी के खादा पहिरा के स्वागत कइलन।
नवप्रवेशी लोग कहलस कि पुरान दल जनता के अपेक्षा अनुसार काम ना क सकल, एही से बदलाव आ नया राजनीतिक संस्कार के जरूरत महसूस करत रास्वपा में शामिल भइनी। ऊ लोग घण्टी छाप पर मतदान कर पार्टी के विजयी बनावे के प्रतिबद्धता जाहिर कइलस।



