जटाशंकर यादव जनता समाजवादी से एमएलएएमे प्रवेश, पर्सा–३ में रूपेश पाण्डे के समर्थन
जटाशंकर यादव जनता समाजवादी से एमएलएएमे प्रवेश, पर्सा–३ में रूपेश पाण्डे के समर्थन

वीरगंज ८ फागुन
बहुदरमाई–१ के जनता समाजवादी पार्टी के वडा कमिटी अध्यक्ष जटाशंकर यादव नेकपा (एमाले) मे शामिल भइले। रंगपुर स्थित एमाले कार्यालय में प्रभु हजरा, रूपेश कुमार पाण्डे आ हरीबाबु चौधरी यादव के खादा आ टीका लगाके स्वागत कइले।
नगर प्रमुख सिगाशन साह के पहल से सम्पन्न कार्यक्रम के एमाले संगठन विस्तार के महत्वपूर्ण कदम मानल गइल बा। यादव के आगमन से बहुदरमाई में पार्टी के पकड़ मजबूत होखे के उम्मीद जतावल गइल बा।
जटाशंकर यादव कहलन कि एमएलएएमे विकास, सुशासन आ राष्ट्रियता के दृष्टिकोण से प्रभावित भइले बा आ आगामी निर्वाचन में रूपेश पाण्डे के जीत सुनिश्चित करे में सक्रिय भूमिका निभइब।
नेकपा एमाले प्रवेश के साथ पर्सा–३ में रूपेश पाण्डे के पक्ष में जनसमर्थन बढ़े के संकेत मिलल बा, जवन आगामी चुनाव के प्रतिस्पर्धा के अवर झरोचक बनावत बा।






