पर्सा–१ में बदलाव के हुंकार : अनिल कुमार रुङटा के सुशासन आ टेक्नोलॉजी से विकास के संकल्प

पर्सा–१ में बदलाव के हुंकार : अनिल कुमार रुङटा के सुशासन आ टेक्नोलॉजी से विकास के संकल्प

पर्सा १० फागुन

नेपाली कांग्रेस के पर्सा क्षेत्र नं. १ से प्रतिनिधि सभा प्रत्याशी अनिल कुमार रुङटा के जगरनाथपुर इलाका में जोरदार आ भव्य स्वागत भइल। उहां के आगमन से पूरा क्षेत्र में चुनावी माहौल गरमा गइल बा आ गांव–टोला में समर्थकन के भीड़ देखे के मिल रहल बा।

जगरनाथपुर वडा नं. २२ में बूथ सभापति नागेन्द्र प्रसाद यादव के अध्यक्षता में आयोजित कार्यक्रम में स्थानीय लोगन के उल्लेखनीय सहभागिता रहल। एह दौरान रुङटा गांव–गांव घूम के मतदातन से सीधा संवाद कइनी आ क्षेत्र के समग्र विकास खातिर आपन स्पष्ट योजना सामने रखनी।

घरदैलो अभियान के दौरान स्थानीय लोग फूलमाला आ अबीर से स्वागत करत खुल के समर्थन जतवले। प्रचार–प्रसार केन्द्र के उद्घाटन के बाद रुङटा हर टोला में पहुंच के जनता के समस्या, सुझाव आ अपेक्षा ध्यान से सुनत नजर आइलें।

कार्यक्रम में युवन के खास सहभागिता रहल। लोग क्षेत्रीय विकास, रोजगार सृजन, गुणवत्तापूर्ण शिक्षा, बेहतर स्वास्थ्य सेवा आ महिला सशक्तीकरण के प्राथमिकता देवे के मांग कइलस। साथे ही, सीप विकास, खेलकूद के पूर्वाधार आ उद्यमिता के बढ़ावा देवे पर भी जोर दिहल गइल।

रुङटा कहलन कि चुनाव खाली चेहरा बदले के मौका नइखे, बल्कि कार्यशैली आ परिणाम बदले के अवसर ह। सुशासन, टेक्नोलॉजी आधारित सेवा आ जवाबदेह शासन प्रणाली के माध्यम से पर्सा–१ के विकास कइल जाई। ऊ विश्वास जतवले कि मतदाता भारी मत से विजयी बनइहें आ चुनाव के बादो जनता के बीच रह के विकास कार्य के गति देत रहिहें।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।