बालेन बनिहे परसों प्रधानमंत्री: शुक्रवार १२:३४ बजे शपथ, १०८ बटुक पढ़िहें स्वस्ति शांति पाठ 

बालेन बनिहें परसों प्रधानमंत्री: शुक्रवार १२:३४ बजे शपथ, १०८ बटुक पढ़िहें स्वस्ति शांति पाठ 

काठमांडू ११ चैत

बालेन साह अब देश के नया प्रधानमंत्री बने जा रहल बाड़े। उनकर शपथ ग्रहण खातिर शुभ मुहूर्त तय हो गइल बा, जवन कि शुक्रवार दिन के १२:३४ बजे रखल गइल बा।

सूत्रन के मुताबिक, शीतल निवास में होखे वाला एह भव्य समारोह खातिर राष्ट्रपति कार्यालय आ प्रधानमंत्री कार्यालय पूरी तरह से तैयारी में जुटल बा। बालेन ठीक १२: ३४ बजे पद आ गोपनीयता के शपथ लिहें।

शपथ समारोह के खास बनावे खातिर ७ गो शंख से शंखनाद कइल जाई, १०८ गो बटुकन द्वारा स्वस्ति शांति वाचन होई, आ १६ गो बौद्ध भिक्षु लोग अष्टमंगल पाठ करी।

ओही दिन बालेन पदभारो संभालिहें। प्रधानमंत्री कार्यालय के अनुसार, ऊ २:१५ बजे आधिकारिक रूप से कार्यभार ग्रहण करीहें।

फागुन २१ के चुनाव में राष्ट्रीय स्वतन्त्र पार्टी (रास्वपा) भारी जीत हासिल कइले बिया, जहाँ पार्टी अकेले १८२ सीट जीत के करीब दुई-तिहाई बहुमत बना लिहले बा।

अब बालेन के नेतृत्व में सरकार गठन होखे जा रहल बा।सूत्र बतावत बा कि रास्वपा मंत्रालय के संख्या घटा के ओही दिन मंत्रिपरिषद के भी पूरा रूप देवे के तैयारी में।

 

 

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।