अहमदिया संघ नेपाल के  ईद मिलन कार्यक्रम सम्पन्न

अहमदिया संघ नेपाल के  ईद मिलन कार्यक्रम सम्पन्न

वीरगंज १२ चैत
अहमदिया मुस्लिम संघ नेपाल द्वारा आज वीरगंज के हरिओम पार्टी प्यालेस में ईद के अवसर पर एगो भव्य ईद मिलन कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल।

ई कार्यक्रम के मुख्य उद्देश्य आपसी सद्भाव, धार्मिक सहिष्णुता आ सामाजिक एकता के संदेश फैलावल रहल। कार्यक्रम में अलग-अलग धर्म, समुदाय आ समाज के अगुवन के उल्लेखनीय उपस्थिति रहल, जहंवा सभे मिलके भाईचारा आ एकजुटता के भावना के मजबूत करे पर जोर देले।

सभागी लोगन के कहनाम रहल कि ईद खाली मुस्लिम समाज के ना, बल्कि पूरा मानव समाज खातिर प्रेम, शांति आ सहअस्तित्व के संदेश देवे वाला पर्व ह। वक्ता लोग नेपाल जइसन बहुजातीय आ बहुधार्मिक देश में अइसन कार्यक्रम के बहुत जरूरी बतवलस।

कार्यक्रम में धार्मिक प्रवचन, शुभकामना आदान-प्रदान आ सामूहिक भोजन के भी आयोजन कइल गइल। सभे एक-दूसरा के ईद के बधाई देत समाज में शांति, सद्भाव आ सहयोग बनवले रखे के अपील कइलस।

कार्यक्रम में प्रमुख अतिथि के रूप में मधेश विश्वविद्यालय के उपकुलपति प्रा. डा. दिपक शाक्य, विशिष्ट अतिथि पूर्व प्रदेश सभा सदस्य प्रह्लाद गिरी, बिन्दवासिनी गांवपालिका के अध्यक्ष प्रमोद तिवारी, पूर्व उपाध्यक्ष किरण गुप्ता, कृश्च समाज के अगुवा प्रेम प्रसाद घिमिरे, सिख समुदाय के अगुवा जसपाल सिंह आ अमरदीप सिंह, आ केडिया आंख अस्पताल के डा. राशदेव साह समेत कई गणमान्य व्यक्ति उपस्थित रहलें।

कार्यक्रम के अध्यक्षता संघ के अध्यक्ष कमरुल होदा अंसारी कइनी, जबकि संचालन बारा-पर्सा जिला इन्चार्ज हासिम अहमद द्वारा कइल गइल।
अंत में आयोजक सभे अतिथि आ सहयोगी लोग के धन्यवाद देत अइसन कार्यक्रम आगे भी जारी रखे के प्रतिबद्धता जतवले।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।