प्रथम पर्सा गोल्डकप के उदघाटन खेल मे हेटौँडा फुटबल एकेडेमी जितल

पोखरिया ०३ फागुन,
पर्सागढी युवा स्पोर्टस क्लब के आयोजना मे पर्सा के बढनिहार मे आजु से सुरु भईल प्रथम पर्सा गोल्डकप के उदघाटन खेल मे हेटौँडा फुटबल एकेडेमी जितल बा ।
रतनपुरी युनाइटेड युवा स्पोर्टस क्लव बारा के टाईब्रेकर मे ४–३ के गोल अन्तर से हरावत हेटौँडा दोसर चरण मे प्रबेश कईले बा । टिम के जित दिलावे के समय मे टाईब्रेकर मे सन्दीप सापकोटा, छिरीङ्ग लामा, तारा नेगी, कृष्ण गुरुङ्ग गोल कईलें आ अमिस महर्जन के प्रहार गोल रक्षक रोकले रहलन ।
सुरुवाती समय से हि बहुते रोमाञ्चक देखल गईल खेल के तोलक समय मे २–२ गोल के बराबरी खेलला के बाद खेल टाईब्रेकर मे पुगल रहे ।
प्रतियोगिता के म्यान अफ द म्याच हेटौडा के टिम क्याप्टेन भी रहल जर्सी नम्बर १७ के कृष्ण गुरुङ्ग घोषित होत एक हजार एक सय रोपेया नगद से पुरस्कृत भइनी । प्रतियोगिता के दुसरका खेल मे बिहान वीरगंज युथ क्लव आ थारु थारुवान ११ रौतहट बीच प्रतिस्पर्धा होखी ।
एकरा से पहिले प्रतियोगिता के प्रदेश सांसद सिंहासन साह कलवार उदघाटन कईले रहनी । कार्जक्रम के सम्बोधन करत प्रदेश सांसद कलवार खेलकुद के बिकास के खातिर हरदम हाथेमालो करके अगाडि बढे खातिर खुद तइयार रहल बतवले बानी । ग्रामीण भेग मे संचलन होखेवाला खेलकुद प्रतियोगीता से खेलाडी उत्पादन करेमे मदत पुगेके कहत खुद भी बितल समय से हि खेलकुद के प्रबद्र्धन के खातिर सहजोग करत आईल आ एकरा के निरन्तरता देवेके प्रतिबद्धता जनवनी ।
आयोजक क्लब के अध्यक्ष याम बहादुर थापा के सभापतित्व मे भईल उदघाटन कार्जक्रम मे समाजबादी पार्टी के जिल्ला सचिव तवरेज अहमद, वार्ड अध्यक्षलोग तुलाराम चौधरी, उद्धव बहादुर उप्रेती, राम नारायण गौरो, तत्कालिन बिरुवागुढी गाबिस के पुर्व अध्यक्ष गोकर्ण पाठक लगायत के सहभागीता रहल रहे ।





