ऐतिहासिक मौलिक परम्परा के महायज्ञ आउर उजागर कईले बा :- राष्ट्रपति भण्डारी

रौतहट ६ फागुन,
राष्ट्रपति विद्यादेवी भण्डारी एक धार्मिक कार्जक्रम मे सहभागी होखे खातिर आजु रौतहट आईल बानी ।
उ मौलापुरस्थित पतौरा महादेव मन्दिर मे पूजा अर्चना कईला के साथे इहाँ आयोजना कईल मधानी महायज्ञ उदघाटन कईले बानी । उ अवसर मे राष्ट्रपति भण्डारी ऐतिहासिक मौलिक परम्परा के महायज्ञ आउर उजागर करेके बिचार रखनी ।
उ प्राचीन शिव मन्दिर के व्यवस्थित बनाके धार्मिक पर्यटन प्रवद्र्धन के बढावा देवेके बात मे जोड देहनी । ताल तलैया के संरक्षण ना भईल, बढल वन विनाश आ प्राकृतिक दोहन लगायत के कारण हरेक बरीस धनजन के क्षति हो रहल उपर दुःख व्यतm करत उ चुरे संरक्षण आ तटबन्ध निर्माण मे सरकार से जोड देहल बतवनी ।
प्रदेश २ सरकार से सुरु कईल “बेटी बचाव, बेटी पढाव” कार्जक्रम के सराहना करत राष्ट्रपति भण्डारी अइसन अभियान से कउनो भी बेटीलोग निरक्षर ना होखेके आ आत्मसम्मान के साथ आपन गोड मे खडा होखे सकेवाला क्षमतावान बनेके विश्वास जनवनी ।
तराई मधेश के मेरुदण्ड मानल गईल हुलाकी सडक परियोजना के प्रदेश २ के सरकार महत्व देके अगाडि बढईला मे राष्ट्रपति भण्डारी सराहना कइनी । कार्जक्रम मे प्रदेश २ के मुख्यमन्त्री लालबाबु साउत, प्रदेश २ के मुख्य सचिव विनय परियार, सांसद तथा नेकपा प्रदेश २ के अध्यक्ष प्रभु साह, मौलापुर नगरपालिका के मेयर रिनाकुमारी साह लगायत के सहभागी रहल रहे ।
तीन दिन तक चलेवाला मधानी महायज्ञ मे ३ लाख श्रद्धालु भक्तजन सहभागी होखेके अनुमान कईल गईल बा । महायज्ञ के भव्य बनावे खातिर नेपाली कलाकार निखिल उप्रेती, केकी अधिकारी, भारतीय कलाकार दिनेशलाल यादव (निरहुआ), अम्रपाली दुवे लगायत के प्रस्तुति भी राखल गईल बा ।






