वीरगंज मे कोरोना ईलाज के व्यवस्था मिलावे के माग

वीरगंज २४ चईत,
वीरगंज मे कारोना भाइरस संक्रमण के परीक्षण तथा ईलाज के खातिर जरुरी व्यवस्थापन मिलावे खातिर सरोकारवाला माग कईले बाडन ।
वीरगंज से सोमार के दिने जनकपुर पुगल एक टोेली प्रदेश नम्बर २ के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत गद्दी से भेट करके उ माग कईले बाडन ।
नारायणी अस्पताल मे पीसीआर ल्याब, स्वास्थ्यकर्मीलोग के सुरक्षा उपकरण (पीपीई) लगायत आउर जरुरी सामान आ अलगे कोभिड अस्पताल सन्चालन होखेके माग सरोकारवाला कईले बाडन ।
पर्सा क्षेत्र नम्बर १ के संघीय सांसद प्रदीप यादव, वीरगंज महानगरपालिका के मेयर बिजय कुमार सरावगी, नारायणी अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा. मदन कुमार उपाध्याय लगायत के टोली मुख्यमन्त्री के ध्यानाकर्षण करावे खातिर जनकपुर पुगल रहलन ।
कारोना भाइरस संक्रमण के उच्च जोखिम रहल आ प्रदेश नम्बर २ के ४ जिल्ला के मरेजी के चाप होखेवाला वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे परीक्षण तथा ईलाज के व्यवस्था होखेके माग उलोग के बा । प्रदेश सरकार वीरगंज मे कोरोना परीक्षण के व्यवस्था मिलावे के घोषणा कईला पर भी मेशिन उपकरण उपलब्ध करवले नइखे ।
टोली कारोना भाइरस संक्रमण नियन्त्रण के खातिर नारायणी मे भईल तइयारी आ जरुरत के बारे मे मुख्यमन्त्री के जानकारी करवले रहे ।
भेट मे मुख्यमन्त्री राउत जनकपुर तथा वीरगंज मे कोराना भाइरस संक्रमण नियन्त्रण के खातिर पिसिआर मशिन सहित के परिक्षण ल्याब आ कोभिड अस्पताल सञ्चालन करेके तइयारी हो रहल बतवनी ।
४० थान पीपीई, मास्क आ ग्लोभ्स लगायत के सामान जलदी पठावे के उ जानकारी देहनी । वीरगंज से गईल जनप्रतिनिधी तथा अस्पताल प्रमुख सहित के टोली आर्थिक मामिला तथा योजना मन्त्री बिजय यादव, आन्तरिक मामिला तथा कानुन मन्त्री ज्ञानेन्द्र यादव से भी भेटघाट कईले बा ।
एहितरे संघ आ प्रदेश सरकार के अधिकारीलोग चिकित्सक के मनोबल घटावे के अभिव्यक्ति देहल कहत चिकित्सक संघ नारायणी शाखा विरोध जनवले बा । नेपाल चिकित्सक संघ नारायणी शाखा के सचिव डा. उदय नारायण सिंह विज्ञप्ती जारी करत सरकार के अभिव्यक्ति उपर संघ के ध्यानाकर्षण भईल बतवले बाडन ।
“विषम परिस्थिति मे चिकित्सकलोग से खेलल भुमिका बहुते सराहनीय बा । न्युन स्रोत साधन के बाबजुद आपन ज्यान जोखिम मे राख के अहोरात्र मानव सेवा मे समर्पित बाडन ।
अईसन अवस्था मे चिकित्सकलोग के मनोबल बढवला के बदले केन्द्रीय तथा प्रादेशिक सरकार क्रमिक रुप मे हतोत्साहित होखेके अभिव्यक्ति देरहल उपर नेपाल चिकित्सक संघ घोर आपत्ती प्रकट करत बा,” विज्ञप्ती मे उल्लेख बा ।
एकरा से पहिले प्रदेश नं. २ के मुख्यमन्त्री राउत कोरोना के ईलाज ना करेवाला चिकित्सक के लाइसेन्स खारेज करेके धम्की देहल खबर सार्वजनिक भईल रहे ।
चिकित्सक संघ बैज्ञानिक हिसाब से क्वारेन्टाइन आ आइसोलेसन बेडसब के मूल्यांकन करके अलगे कोरोना अस्पताल बनावेके, कोरोना हब अस्पताल के अवस्था पहिचान करके जरुरी स्तरोन्नती के खातिर पहल करेके, जरुरत आ चाप के आधार मे जलदी से प्रदेश २ के सब से बडका सरकारी अस्पताल नारायणी मे कोरोना परीक्षण के आवश्यक व्यवस्था मिलावे के, स्तरीय व्यक्तिगत सुरक्षा सामान पीपीई के व्यवस्था तथा ओकर निरन्तर पूर्ति होखेके लगायत के माग भी रखले बाडन ।






