अवैध रूप मे बिक्रि करे खातिर राखल खाद बरामद

प्रभु यादव
बारा २७ चईत
जिल्ला बारा प्रसौनी गावपालीका वडा नं.५ प्रस्टोका मे अबैध रूप मे राखल खाद पुलीस बरामद कईले बा ।
शम्भु साह आ रमेश साह प्रसौनी ६ के ऋषि बाल्मिकी कृषि सहकारी संस्था से युरिया आ डि.ए.पी. खाद खरिद कर के बेचे के उदेश्य से लुका छिपा के राखल अवस्था मे इलाका प्रहरी कार्यालय प्रसौनी से खटल प्रहरी टोली पकडले बा बारा प्रहरी कार्यालय जनकारी करावले बा ।
शम्भु साह आ रमेश साह के स्टोर मे ताल्चा लगा के सुरक्षित साथ राखल २९ बोरा युरिया अा १० बोरा डि.ए.पी. खाद बरामद कर के प्रहरी कार्यालय मे राखल जनकारी भईल बा ।
अनुसन्धान के क्रम मे बुझला पर आधिकारी रुप मे दर्ता रहल अनुमति प्राप्त कृषि सहकारी संस्था सब मात्र कृषि सामाग्री कम्पनी लिमिटेड से खाद खरिद करे सकी नियम रहल बा ।
सहकारी से किसान सब से बिक्री करेवाला खाद शम्भु साह आ रमेश साह के ऋषि बाल्मिकी कृषि सहकारी संस्था अनाधिकृत रुप मे खाद उपलब्ध करावले बा प्रहरी कार्यालय जनकारी करावले बा ।
काला बजारी आ सामाजिक अपराध तथा सजाय ऐन २०३२ बमोजिम अनुसन्धान कईल जारहल पुलिस जनकारी करावले बा ।






