कलैया के कृषि सहकारी व्यापार मुखी बनल बा : सहनी

प्रभु यादव

बारा २६ बैशाख

बारा जिल्ला के कलैया मे रहल कृषि सहकारी व्यापार मुखी रहल साना किसान कृषि सहकारी संघ के अध्यक्ष मिश्रीलाल सहनी बतवले बानी ।

सहकारी मे खाद मात्र लिया के किसान के ना दुकानदार के देवेला अउरी बहुते अध्यक्ष विउविजन आ विषादी के दुकानदार रहला से सेवा मुखि ना रह के व्यापार मुखी विक्री वितरण करेलन अध्यक्ष सहनी सिकायत कईले बानी ।

अभि देश मे चल रहल बन्दाबन्दी से किसान लोग के ऊँख, मकई, तरकारी आ चईती धान के खेत मे खाद छिटेला समस्या मे परहल समय मे सरकार से सहज रूप मे पुगावेला कईल गईल व्यवस्था के वास्ता ना करत व्यापार मुखि व्यवहार कईल अध्यक्ष सहनी जानकारी करावले बानी ।

सहकारी के मुल्यमन्यता के ना मान के व्यापार मुखी भईल सब के अनुगमन कर के संस्था खारिज करे के अध्यक्ष सहनी कहनी ।

सम्बन्धित निकाय के लपरवाही के कारण सहकारी झोले आ व्यापारी लोग मुल्यमन्यता विपरीत सञ्चालन कर रहल सिकायत कईले बानी ।

कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर २ पकडी टोल के सतन गिरी सहकारी से युरीया खाद किने गईला पर ना बोड बा ना विक्री कईल समान के विक्री विल विना के थप मे ५० किलो के बोरा मे जिकं लेहला पर मात्र खाद देहल सिकायत कईले बाडन ।

दोहरी घर भईल अशोक साह युरीया खाद के बोरा के आठ सय आ पाँच किलो जिकं के पाँच सय कर के एक हजार तीन सय देहला पर मात्र खाद मिलल कहत सम्बन्धित निकाय मौन रहला से आपना सब के ना चाहेवाला समान लेवे के पररहल सिकायत कईनी । क

के वृजलाल यादव किसान सब के खाद के साथे साथ अनावश्यक समान राख के दुःख देरहल बतवनी ।

कृषि समाग्री कम्पनी लिमिटेड कलैया शाखा के प्रमुख सिताराम श्रेष्ठ से जनकारी लेहला पर कलैया उपमहानगरपालिका मे युरिया एक बोरा के सात सय ५० रोपेया मे आ डिएपी बोरा के दु हजार दु सय मे विक्री कर सकत बा संचालक समिति के निर्णय सहित जनकारी करावले बानी ।

बारा जिल्ला के सब से दुर रहल जगह रतनपुर, निजगढ, सिंगौल आ सिम्रौनगढ मे आठ सय आ आठ सय २५ रोपेया तकले विक्री कईला पर ठिक रही कहत किसान सब के सचेत होखे के जनकारी करावले बानी ।

स्थानिय निकाय के अध्यक्ष लोग के सिफारीस मे खाद सहकारी के देहल जारहल बा उ लोग के विशेष निगरानी करे के प्रमुख श्रेष्ठ जनकारी करावले बानी ।

कम्पनी से कवनो किसिम के खाद बाहेक समान ना देहले बा ना कवनो सर्त राख के विक्री करे के बा करेवाला सहकारी के नियम अनुसार करवाही कइल जाए के प्रमुख कहनी ।

जिल्ला प्रशासन कार्यालय के प्रमुख जिल्ला अधिकारी रूद्र प्रसाद पाण्डे कम्पनी से देहल गईल खाद के मूल्य मे सवारी साधन के ढोवानी, खाद लोड कईल आ उतार अउरी घर भाडार जोर जेतना होई ओही मे बेचे के परल सहकारी से ठगरहल किसान के सिकायत आईला पर कारवाही करे के जनकारी देहनी ।

प्रमुख जिल्ला अधिकारी आपुर्ति समिति के अध्यक्ष रहल बानी गल्ती करेवाला के पकड के कारवाही कईल गईल बा अउर सिकायत आईला पर कानुन मुताविक कारवाही करे से पछाडी ना हटेके जानकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।