ट्रक के ठोकर से स्टाफ नर्स के मृत्यु
जनकपुरधाम १ जेठ
धनुषा मे ट्रक के ठोकर से एक जने स्टाफ नर्स के मृत्यु भईल बा ।
पूर्वपश्चिम राजमार्ग अन्तर्गत धनुषा के मिथिला नगरपालिका ४ पुष्पबलपुर मे मोटरसाइकल मे सवार स्टाफ नर्स के ठोकर देहले बा ।
मृत्यु होखेवाला मे पुष्पवलपुरस्थित स्वास्थ्य चौकी मे कार्यरत जनकपुरधाम उपमहानगरपालिका १९ निवासी चन्द्ररेखा यादव रहल इलाका प्रहरी कार्यालय ढल्केबर के प्रहरी निरीक्षक तीर्थ कार्की जानकारी देहनी ।
पूर्व से पश्चिम ओरी जा रहल को १ ख २६२७ नम्बर के ट्रक यादव सवार बा ५२ प ६४ नम्बर के मोटरसाइकल के ठोकर मरले बा ।
ठोकर से गम्भीर घायल भईल उनकर प्रादेशिक अस्पताल जनकपुरधाम मे ईलाज के समय मे मृत्यु भईल प्रहरी निरीक्षक कार्की बतवनी ।
ठोकर से मोटरसाइकल चालक जनकपुर उपमहानगरपालिका १० जमुनिया रहेवाला २० बरीस के सिद्धार्थ यादव आ मृतक चन्द्ररेखा के ४ बरीस के बेटी आ २ बरीस के बेटा घायल भईल बाडन ।
उलोग के उहे अस्पताल मे ईलाज हो रहल बा ।
ठोकर देवेवाला ट्रक आ ओकर चालकके नियन्त्रण मे लेहल पुलीस के कहनाम बा ।






