स्यानिटाइज कईल गईल नारायणी अस्पताल, नियमित सेवा सुरु करेमे द्विविधा

वीरगंज १४ जेठ

कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) संक्रमित मरेजीलोग सभी डिस्चार्ज भईला के बाद वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल के स्यानिटाइज कईल बा ।

माकिर अस्पताल के डाक्टरलोग उपरला निकाय से गाइडलाइन ना अईला से नियमित सेवा कईसे सुरु करेके कहके अन्योल मे बाडन ।

एतवार के १८ संक्रमित आ सोमार के ४३ संक्रमित ईलाज के बाद घर गईला के बाद नारायणी अस्पताल अभी खाली बा ।

आउर ३० जने संक्रमित के ईलाज नारायणी के शाखा के रुप मे वीरगंज महानगरपालिका से सञ्चालन कईल गण्डक अस्पताल मे हो रहल बा ।

अस्पतालसे भी २१ जने संक्रमित बितल रात डिस्चार्ज भईल बाडन ।

कोरोना संक्रमित बेमार सभी डिस्चार्ज वीरगंज महानगरपालिका २ सय लिटर पानी मे अढाइ लिटर सोडियम हाइपोक्लोराइड मिला के बडका आ छोटका दु गो दमकलमार्फत् नारायणी अस्पताल स्यानिटाइज कईले बा ।

“कोभिड संक्रमित राखल वार्ड आ बाहरी परिसर सभी ओरी स्यानिटाइज करावल गईल बा,” वीरगंज महानगरपालिका के प्रमुख विजयकुमार सरावगी कहनी कि, “बाहर स्यानिटाइजेसन के खातिर प्रयोग कईल केमिकल सोडियम हाइपोक्लोराइड कईल गईल बा ।”

अब अस्पताल मे इमर्जेन्सी, ओपीडी, डायलायसिस, प्रसूति लगायत जरुरी सेवा सन्चालन करे सकेके उनकर दाबी बा ।

माकिर अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा. मदन उपाध्याय अस्पताल सञ्चालन के विषय अभी भी अन्यौल मे रहल बतवनी । ओकरा खातिर उ कुछ तर्क अगाडि बढवले बाडन ।

पहिलका बात कईसे सञ्चालन करेके कहके नेपाल सरकार अभी तक गाइडलाइन हि बनवले नइखे ।

दु कोरोना भाइरस लोहा, सिसा आ लकडी मे भी लम्हर समय बाँच सकता । ओकरा के बढिया से निर्मलीकरण करेके पडि ।

उ बाँकी हि बा । द न्यू इङ्गल्याण्ड जर्नल मेडिसिन के मुताविक कोभिड–१९ भाइरस हावा मे ३ घण्टा, तामा मे ४ घण्टा, कार्डबोर्ड मे २४ घण्टा, स्टेस्नल स्टिल मे आ प्लाष्टिक मे ७२÷७२ घण्टा तक बाँच सकता ।

तिसरका कहल कोभिड–१९ के ईलाज मे संलग्न चिकित्सक, नर्स, आउर स्वास्थ्यकर्मी आ सहजोगीलोग के पीसीआर टेष्ट करेके बाँकी हि बा ।

पीसीआर टेष्ट रिपोर्ट नेगेटिभ अईला के बाद मात्र उलोग के आउर सेवा मे खटावल जा सकता ।

नर्मल से कोभिड मे रुपान्तरण करेमे जेतना सहज कोभिड से नर्मल मे लेजाए के होखेके बतवनी ।

“नारायणी नर्मल से कोभिड भईल, कोभिड से नर्मल मे रुपान्तरण होखेवाला पहिलका अस्पताल होखी,” कहत डा उपाध्याय, “कईसे करेके ? कहके बारेमे उपरला निकाय मे छलफल हो रहल बा ।”

विशेषज्ञ सेवा सहित के टर्सरी अस्पताल घोषित नारायणी के सरकार कोरोना संक्रमण शुरु भईला के बाद कोरोना के मरेजी के ईलाज करेवाला अस्पताल मे रुपान्तरण कईले रहे ।

प्रदेश नं. २ मे सबसे पहिले नारायणी हि चईत ३० गते कोरोना संक्रमित के ईलाज सेवा शुरु कईले रहे ।

संक्रमित के ईलाज सुरु कईला के बाद २०७७ बैशाख २ गते से सर्पदंश आ रेबिज बाहेक आकस्मिक सहित के आउर सेवा बन्द कईल रहे ।

नारायणी से प्रदान होखेवाला सेवा प्रवाह के जिम्मेवारी नेशनल मेडिकल कलेज के देहला मे उ बढिया से निर्वाह करे ना सकल सिकाईत सर्वसाधारण कईले बाडन ।

संक्रमित मृतक के पीसीआर रिपोर्ट ना आवते नेशनल लास दाहसंस्कार के खातिर पठईला के बाद अस्पताल के वार्ड सिल कईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।