मृत्यु भईला ३ दिन बितला पर भी पोष्टमार्टम ना भईला से पिडित आउर पिडा मे

प्रभु यादव

बारा २२ जेठ

बारा जिल्ला के जीतपुर सिमरा उपमहानगरपालिका वार्ड नम्बर २ मे रहल जगदम्बा स्टील व्यवस्थापन के गैर जिम्मेवारीपन के चलते मृत्यु भईला ३ दिन बितला पर भी लास अस्पताल मे हि रहल पिडितलोग के कहनाम रहल बा ।

जीतपुर सिमरा उपमहानगरपालिका वार्ड नम्बर २ निवासी नारायण साह के जेष्ठ २० गते सबेरे ८ बज के ४२ मिनेट मे मृत्यु भईला पर भी कउन कारण से मृत्यु भईल बा उ ना खुलला से खुदसब के शंखा लागल मृतक के साला मधुसुधन महतो बतवनी ।

करिब ५४ बरीस के नारायण लक डाउन से पहिले उ कम्पनी मे काम करत आईल आ जेठ २० गते काम के खातिर नारायण के फैक्ट्री मे बोलावल रहे मधुसुधन कहनी ।

फैक्ट्री के कउनो अधिकारिक आदमी खबर ना करके मृतक के साथी घरपरिवार के ९ बज के २२ मिनेट मे नारायण के मृत्यु भईल जानकारी करईला से भी आउर शका उत्पन भईल मृतक के छोट भाई सुसिल साह बतवनी ।

परिवार के सदस्यलोग से पहिले वार्ड नम्बर २ के वार्ड अध्यक्ष, निर्वाचित प्रतिनिधीलोग, पुलीस प्रशासन भी घटना स्थल मे पुगल आ हमनी के बाद मे जानकारी करईला से कुछ रहस्य रहल साह बतवनी ।

पहिले त कोरोना के टेष्ट होखी कहके लास पोष्टमार्टम करे खातिर नारायणी अस्पताल आनाकानी कईला के बाद बुध के दिने कोरोना के रिजल्ट भी निगेटिभ अईला पर भी पोष्टमार्टम मे देरी भईल आरोप परिवारजनलोग के रहल बा ।

जगदम्बा स्टील प्रशासन क्षतिपुर्ति, मृतक के परिवार मे रोजगारी के ग्यारेन्टी ना करे तक लास ना बुझेके मृतक के साला महतो बतवनी ।

एने जगदम्बा स्टील के प्रशासन देखेवाला कुमोदराज ढकाल पलान्ट ना चल रहल दावी करत कउन कारण से नारायण आईल रहलन आ कईसे मृत्यु भईल खुले ना सकल अवस्था मे मिल प्रशासन से कुछो कहे ना मिलेके बतावत पोष्टमार्टम के रिपोर्ट अईला के बाद मात्र मृत्यु के कारण खुलेके बतवनी ।

देह मे कउनो घावचोट ना देखल गईला से पोष्टमार्टम के रिपोर्ट अईला के बाद मात्र मृत्यु के कारण पता लागेके प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र कहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।