ई बरीस एसईई परीक्षा ना लेवेके सरकार के निर्णय

काठमाण्डु २८ जेठ

ई बरीस के माध्यमिक शिक्षा परीक्षा (एसईई) ना होखेके जनेवल गईल बा । मन्त्रिपरिषद के बुध के सँझिया बईठल बईठक से विद्यालय के आन्तरिम मूल्यांकन के आधार मे ग्रेड निर्धारण करेके निर्णय कईले बा ।

स्रोत के मुताविक शिक्षा मन्त्रालय आन्तरिक मूल्यांकन, प्रदेशगतरुप मे परीक्षा लेवेके भा विद्यमान कानून के संशोधन करके किलास १२ मे मात्र राष्ट्रियस्तर के एसइई परीक्षा लेवेके जईसन विकल्प पेश कईल गईल रहे ।

माकिर विद्यालयसब मे क्वारेन्टिन स्थल बनईला से तत्काल परीक्षा सम्भव नइखे ।

अब विद्यालयसब आन्तरिम मूल्यांकन के नम्बर परीक्षा बोर्ड मे पठईहें आ ओकरे आधार मे ग्रेड निर्धारण करके परीक्षाफल सार्वजनिक होखेके बतावल गईल बा ।
बितल चईत ६ गते होखेवाला किलास १० के एसइई परीक्षा कोरोना जोखिम के चलते बितल चईत ५ गते के कोरोना रोकथाम तथा नियन्त्रण उच्चस्तरीय समन्वय समिति के निर्णय के बाद स्थगित भईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।