आउर ३१६ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि, ७ जिल्ला मे संक्रमित के संख्या ५०० से बेसी

काठमाडु १६ असाढ
पिछिलका २४ घण्टा मे आउर ३१६ जने मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
देशभर के २२ गो प्रयोगशाला मे ४ हजार ७११ नमुना परीक्षण कईला पर उलोग मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
एकरा सँगे नेपाल मे कुल संक्रमित के संख्या १३ हजार ५६४ पुगल बा । उलोग मेसे २९ जने के मृत्यु भईल बा आ ३ हजार १९४ जने डिस्चार्ज भईल बाडन ।
कहाँ केतना थपईलें संक्रमित ?
स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के मुताविक सबसे बेसी बाजुरा मे ४८ संक्रमित थपाईल बाडन ।
एहितरे, महोत्तरी के २९ जने, अछाम के २७ जने, सप्तरी के २५, दाङ के २१, पाल्पा के १८, डोटी के १७, काठमाण्डु के १२ आ सिराहा के १० जने बाडन ।
एहितरे, कास्की के ९ जने, रुकुम पश्चिम आ सर्लाही के ८÷८ जने, अर्घाखाँची आ रौतहट के ७÷७ जने, तनहुँ के ६, कैलाली आ झापा के ५÷५ जने, स्याङ्जा के ४ जने, धनुषा, संखुवासभा, डडेलधुरा, दैलेख, बैतडी आ लमजुङ के ३÷३ जने, सल्यान, बाजुरा, उदयपुर, सुनसरी आ सिन्धुपाल्चोक के २÷२ जने बाडन ।
ललितपुर, भक्तपुर, बाजुरा, गुल्मी, गोरखा, बाग्लुङ, अछाम, बैतडी, म्याग्दी आ बाँके के एक÷एक जने मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल मन्त्रालय जनवले बा ।
७ जिल्ला मे संक्रमित के संख्या ५०० से बेसी
मन्त्रालय के प्रवक्ता प्रा. डा. जागेश्वर गौतम के मुताविक ७ जिल्ला मे संक्रमित के सख्ंया ७०० से बेसी पुगल बा ।
उनका मुताविक प्रदेश २ के महोत्तरी, रौतहट आ सर्लाही, प्रदेश ५ के दाङ आ कपिलवस्तु, कर्णाली प्रदेश के दैलेख आ सुदूरपश्चिम के कैलाली मे संक्रमित के संख्या ५ सय से बेसी पुगल बा ।






