प्रदेश २ मे २३ जने संक्रमित थपईलें, ४५ जने डिस्चार्ज

वीरगंज १९ असाढ,

प्रदेश २ मे २३ जने कोरोना संक्रमित थपाईल बाडन । प्रदेश २ के सामाजिक विकास मन्त्रालय से देहल जानकारी मुताविक धनुषा मे १६, महोत्तरी मे ६ जने आ पर्सा मे १ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । प्रादेशिक जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला जनकपुर, नारायणी अस्पताल वीरगंज मे कईल पीसीआर परीक्षण के समय मे उलोग मे कोरोना पोजेटिभ देखल गईल रहे । एकरा सँगे प्रदेश २ मे संक्रमित के संख्या ३ हजार ५ सय ६७ पुगल बा । जउना मे २ सय २४ जनानी बाडि ।

 

प्रदेश मे आउर ३ हजार ६ सय ६८ जने के रिपोर्ट आवेके बाँकी बा । धनुषा के जनकपुर उपमहानगरपालिका गोपाल धर्मशाला मे ३ जने जनजानी सहित १० जने मे, विदेश नगरपालिका स्थित दुहवी क्वारेन्टिन मे १ जने, लल्मीनियाँ गाँवपालिका क्वारेन्टिन मे ३ जने, यदुकहा आ धनुषाधाम मे १÷१ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा । महोत्तरी के बलवा नगरपालिका स्थित धमौरा क्वारेन्टिन मे ५ जने आ लोहरपट्टी नगरपालिका मेरुखी मावि क्वारेन्टिन मे १ जने के पीसीआर परीक्षण रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा ।

पर्सा के वीरगंज महानगरपालिका स्थित त्रिजुद्ध क्वारेन्टिन मे १ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । प्रदेश २ मे शुक के दिने ४५ जने डिस्चार्ज भईल बाडन । ५ जनानी सहित ४५ जने ईलाज के बाद कोरोनामुक्त होके डिस्चार्ज भईल वरिष्ठ जनस्वास्थ्य प्रशासक विजयकुमार झा जानकारी देहनी । प्रदेश मे अभी तक १ हजार ९ सय ६८ जने संक्रमित कोरोनामुक्त होके घर गईल बाडन । प्रदेश मे ४ जने मे मृत्यु के बाद कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । ६ सय ५४ जने आइसोलेसन मे ईलाज करा रहल बाडन । शंकास्पद संक्रमित ३ हजार ६ सय ५ जने क्वारेन्टिन मे बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।