भ्रष्टाचार बिरुद्ध आवाज उठावेवाला दु जने विरुद्ध मुद्दा दर्ता

वीरगंज ०७ सावन

भ्रष्टाचार बिरुद्ध आवाज उठावेवाला विरुद्ध पुलीस सार्बजनिक आपराध मुद्दा दर्ता कईले बा ।

पर्सा जिल्ला के कालिकामाई गाँवपालिका वार्ड नं. ४ प्रशुरामपुर मे भईल विकास निर्माण के काम मे अनियमितता भईल कहत बिरोध करेवाला आ अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग के कार्यालय मे उजुरी देवेवाला विरुद्ध हि गाँवपालिका के जनप्रतिनिधि के दबाव मे पुलीस मुद्दा दर्ता करके २ जने के नियन्त्रण मे लेहले बा ।

बितल असाढ ३० गते वार्ड मे हो रहल सडक ढलान मापदण्ड विपरित भईल कहत स्थानियलोग विरोध कईले रहलन ।

उहे अनियमितता के सम्बन्ध मे छानविन के माग करत स्थानिय संजय कुमार साह, बैदनाथ राउत बरै, सिकेन्द्र देवान लगायत के ४ जने जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा मे निवेदन देहले रहलन ।

उहे बिषय के लेके आजु जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे होखेके कहल पंचायती मे सहभागि होखे आईल निवेदक संजय साह गोढ आ उनकर भाई रंजित साह गोढ के पुलीस नियन्त्रण मे लेहले बा ।

ई बिषय मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी उपरिक्षक मनोजित कुँवर से बुझला पर बिकास निर्माण के काम मे खलल पुगावल खसुर मे उलोग के पकडल गईल बतवनी ।

माकिर प्रवक्ता कुँवर कईसन किसिम के बिकास निर्माण के काम मे बाधा पुगवले बाडन कहके पुछला पर खुलावे ना चहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।