राम जन्मभूमि क्षेत्र विकास समिति गठन
वीरगंज १२ सावन
पर्सा के ठोरी मे आजु राम जन्मभूमि क्षेत्र विकास समिति गठन कईल बा ।
ठोरी गाँवपालिका वार्ड नम्बर १ के अध्यक्ष रामप्रकाश कुँवर के अध्यक्षता मे बईठल वार्ड नं १ आ २ के जनप्रतिनिधिलोग के संयुक्त बईठक से प्रकाश खनाल के अध्यक्षता मे समिति गठन कईले बा ।
समिति के उपाध्यक्ष मिना गिरी, सचिव मे चिरंजीवी सापकोटा, सहसचिव गोकुली रेग्मी, कोषाध्यक्ष गीतादेवी विष्ट रहल बाडन ।
एहितरे सदस्यलोग मे टीका अधिकारी, शम्भु खड्का, भवनाथ घिमिरे आ उत्तम कार्की रहल बाडन ।
साथे बईठक से प्रतिनिधि सदस्य भी चयन कईले बा ।
प्रसदस्यलोग मे महेश गौतम, हेमराज बम्जन, धर्मबहादुर बिष्ट, सुदीप थापा लगायत रहल बाडन ।
बईठक से प्रवक्ता के जिम्मेवारी समिति के सचिव चिरंजीवी सापकोटा के देहल वार्ड नं २ के कार्यबहाक अध्यक्ष श्यामहरी शर्मा जानकारी देहनी ।
प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली मर्यादा पुरुषोत्तम भगवान रामचन्द्र के जन्मभूमि पर्सा के ठोरी मे भईल रहे कहके अभिव्यक्ति देहला के बाद चहलपहल बढला से ठोरी के राम जन्मभूमि के रुप मे विकास करे खातिर समिति गठन कईल सचिव सापकोटा बतवनी ।
साथे समिति राम जन्मभूमि कहला से सत्यतथ्य खोज अनुसन्धान करे खातिर जरुरी पडेवाला नीति अवलम्बन करेके, पर्यटकीय क्षेत्र के रुप मे ठोरी के अगाडि बढावेके, ई क्षेत्र मे भईल पौराणिक, ऐतिहासिक तथा साँस्कृतिक धरोहरसब खोजी करके गुरुयोजना तइयार करके कार्यान्वयन के खातिर तथा राम जन्मभूमि सम्बन्धि गतिविधि संस्थागतरुप मे संचालन करेके बतावल गईल बा ।






