अबैध कपडा सहित दु गो मोटरसाइकल पकडाईल

बारा १९ कुवार
बारा पुलीस भन्सार छली के करिब १ लाख मूल्य बराबर के कपडा सहित दु गो भारतीय नम्बर के मोटरसाइकल बरामद कईले बा ।
बारा पचरौता नगरपालिका–९ स्थित सार्वजनिक सडक से कपडा सहित के मोटरसाइकल नियन्त्रण मे लेहले बा ।
सोमार के सबेरे खटल पुलीस टोली भारत से भन्सार छल के नेपाल ओरी लिया रहल १ लाख ७ हजार ७ सय २५ रोपेया के रेडिमेड कपडा बरामद कईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता गौतम मिश्र जानकारी देहनी ।
कपडा ढुवानी मे प्रयोग कईल बीआर ०५ एक्स ६०३६ आ बीआर ०५ भी ३१३७ नम्बर के भारतीय मोटरसाइकल भी बरामद कईले बा ।
कपडा लियावेवाला आदमीसब भागल पुलीस जनवले बा । बरामद कईल कपडा आ मोटरसाइकल वीरगंज भन्सार कार्यालय मे बुझावल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा जनवले बा ।






