निजगढ नगरपालिका मे नगर उप प्रमुखद्वारा तालाबन्दी

प्रभु यादव

बारा ०२ पुस

निजगढ नगरपालिका मे नगरप्रमुख आ प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत के बिरोध मे आधा घण्टा नगरप्रमुख के कक्ष मे तालाबन्दी भईल रहे ।

उपमेयर लिलादेवी लामिछाने खनाल आ नेकपा निकट निर्वाचित जनप्रतिनिधि सभे नगरपालिका से सुचना निकालल बिरोध मे तालाबन्दी कईले रहल ।

कर्मचारी भर्ना करे खातिर पहिले के नगरपरिषद से निर्णय कईल रहला पर भि प्रमुख सुरेश कुमार खनाल कार्यपालिका बईठक से निर्णय नाकारा के सुचना निकालल गईल कहत तालाबन्दी कईल गईल रहल । बिहनिया के १०ः४५ बजे से ११ः१५ बजे तक तलाबन्दी कईल गईल रहे ।

निजगढ नगरपलिका के करार मे कर्मचारी भर्ना करे खातिर आहवान कईल गईल सुचना एक दिन वाद विवाद भईला पर स्थगित कईल गईल ।

प्रमुख स्तरीय निर्णय कहत नगरपालिका से अगहन २९ गते दरखास्त आह्वान कईले रहल माकिर विहाने खानी २ अधिकृत के विज्ञापन रद्द कईल गईल ।

नगरपालिका करार मे २ अधिकृत स्तरकासहित ६ जने कर्माचारी भर्ना के खातिर अगहन २९ गते दरखास्त आह्वान कईले रहल ।

नगरपलिका से बिज्ञापन रद्द करे के कवनो कारण नखुला के विज्ञापन स्थगित कईले बा । नगर से मेडिकल आ कानुन अधिकृत एक रएक जने आ स्टाप नर्स, सर्वेक्षक एक र एक अउरी २ जने अमिन के खातिर कर के ५ पद के निम्ति सार्बजनिक सुचना कईले बा जवना मे मेडिकल आ कानुन अधिकृत पद अधिकारी विज्ञापन के अभिखातिर स्थगित कईल गईल प्रमुख प्रशाशकिय अधिकृत सुमनकुमार कार्की जानकारी दिहनी ।

निर्णय रद्ध करे के माग करत उपप्रमुख खनाल एक दिन अगाडी ज्ञापनपत्र देहला पर बार्ता के वातावरण दुनु पक्ष से ना बनला से तालाबन्दी कईल गईल । एकरा से नगर के विवाद सतह मे आईल रहल । नदी के ठेक्का सेही मेयर आ उपमेयरबिच बिवाद बढल आईल रहल ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।