बोलबम काँवर सँघ बारा के ५० वाँ वार्षिक उत्सव मे हवन पूजन

प्रभु यादव

बारा ०८ बैशाख

बोलबम काँवर सँघ बारा के ५० वाँ वार्षिक उत्सव के अवसर मे हवन पूजन कईल गईल बा । कलैया के एतिहासिक राजदेवी मन्दिर के आङ्गन मे वैदिक मन्त्र द्धारा हवन कर के वार्षिक उत्सव मनावल गईल बा ।

समाजसेवी एवं सहजोगी संजय श्रेष्ठ आ उनकर मेहरारु शोभा श्रेष्ठ हवन कार्जक्रम कईले रहनी । श्रेष्ठ दम्पती पुजा मे बईठ के बैदिक मन्त्र के उच्चारण कर के हवन कईले रहनी । समाजसेवा मे पहिले सेही आपने सक्रिय रहल आ रामनवमी के अवसर मे हवन करे के अवसर देहलख सँघ के धन्यवाद समेत श्रेष्ठ दम्पति दिहनी । रामनवमी के अवसर मे मन्दिर मे हवन कर के समाज मे शान्ती आ कोरोना से लडेला क्षमता प्रदान करे के उदेश्य से हवन कार्जक्रम मे आयोजना कईल गईल बोलबम काँवर सँघ के अध्यक्ष कर्दम श्रेष्ठ जानकारी करावले बानी ।

विस २०२८ साल मे बोलबम काँवर सँघ के स्थापना भईल निरज नेपाली जानकारी करावले बानी । संस्थापक स्व. सिताराम नेपाली बोलबम काँवर के अभियान चालवले निरज बतावले बानी । स्व. कपिल श्रेष्ठ के, अध्यक्षता मे सँघ गठन कईल गईल रहे । संघ मे काशीनाथ प्रसाद बैधजी, जगबहादुर यादव आ सर्जुग साह कानु लगायत के रहल रहनी ।

२०२८ साल से सँघ बहुते धार्मिक नदि सब मे जाके जल ल्याके सिद्धेश्वरनाथ मन्दिर मे शंकर भगवान के जलाअर्पण कर के काम कईल निरज नेपाली बतावले बानी । शितलपुर, विश्रामपुर, कलैयागाँव लगायत ९ गाँव मे बोलबम सँघ गठन कईल बा । संघ मे करिव एक हजार से बेसी श्रद्धालु लोग सक्रिय सहभागिता रहल रहे ।

वर्तमान बोलबम सँघ मे अध्यक्ष कर्दम श्रेष्ठ, सँघ संचालक निरज नेपाली, कार्यवाहक सरोज कृष्ण प्रसाद साह, स्वास्थ्य प्रमुख वैध राजेश कुमार गुप्ता, आर्चाय जोगिन्द्र तिवारी आ मिडिया प्रमुख मे अजय साह रहल बानी ।

सँघ हवन, योग शिविर, तिर्थ यात्रा, मठ मन्दिर सरसफाई, बृक्षारोपण, अनाथ आश्रम मे सहयोग जईसन कार्य सब करते आईल मिडिया प्रमुख साह जानकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।