प्रदेश नं २ मे ४१७ अस्थायी दरबन्दी थप

सर्लाही, २३ वैशाख

प्रदेश नं २ सरकार प्रदेशभर के अस्पताल आ प्रयोगशाला के खातिर ४१७ अस्थायी दरबन्दी थप कईले बा । प्रदेश सरकार विश्वव्यापी महामारी के रूप मे फईलल भाइरस के सङ्क्रमण से लडे खातिर प्रदेशभर के अनेकन अस्पताल तथा प्रयोगशाला के खातिर उ अस्थायी दरबन्दी थप कईले बा । प्रदेशभर के आठु जिल्ला मे दरबन्दी थपाईल आ सर्लाही मे ३२ जने के अस्थायी दरबन्दी थप कईल जिल्ला जनस्वास्थ्य कार्यालय जनवले बा ।

प्रदेश सरकार सर्लाही के खातिर ३२ सहित प्रादेशिक जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला के खातिर ३३, प्रादेशिक अस्पताल के खातिर १७४, सिरहा, जलेश्वर, गौर आ कलैया अस्पताल के खातिर ३२÷३२, लहान अस्पताल के खातिर २३ आ भारदह तथा पोखरिया अस्पताल के खातिर १५÷१५ दरबन्दी थप करेके निर्णय कईल प्रदेश सरकार के उद्योग, पर्यटन, वन तथा वातावरणमन्त्री तथा कोरोना सङ्क्रमण व्यवस्थापन के खातिर सर्लाही के फोकल पर्सन रामनरेश राय जानकारी देहनी ।

कोरोना सङ्क्रमण न्यूनीकरण के खातिर थप कईल दरबन्दी मे एनेस्थेसियोलोजिष्ट से स्वीपर तक के पद रहल बा । आउर कईल दरबन्दी मे अस्पताल से जरुरत के आधार मे तुरुन्त नियुक्त करे सकेके व्यवस्था कईल प्रदेश सरकार सामाजिक विकास मन्त्रालय जनवले बा ।

एहितरे प्रदेश सरकार मन्त्रिपरिषद् के बईठक से कोरोना महामारी न्यूनीकरण करेके कहत प्रदेश सरकार के मन्त्री के फोकल पर्सन बनावत जिल्ला के जिम्मेवारी निर्धारण कईले बा । सर्लाही आ रौतहट के खातिर उद्योग पर्यटन, वन तथा वातावरणमन्त्री राय के फोकल मन्त्री के जिम्मेवारी देवेके निर्णय कईल प्रदेश सरकार जनवले बा ।

सप्तरी के खातिर भूमि व्यवस्था कृषि तथा सहकारीमन्त्री शैलेन्द्र साह, सिरहा के खातिर आर्थिक मामिला तथा योजनामन्त्री विजयकुमार यादव, धनुषा आ महोत्तरी के खातिर आन्तरिक मामिला तथा कानूनमन्त्री ज्ञानेन्द्रकुमार यादव आ बारा तथा पर्सा के खातिर भौतिक पूर्वाधार तथा विकासमन्त्री जितेन्द्र सोनल के फोकल मन्त्री के जिम्मेवारी देवेके निर्णय कईल बा । जिम्मेवारी तोकल गईल मन्त्री सम्बन्धित जिल्ला आ प्रदेश सरकार बीच कोरोना महामारी नियन्त्रण तथा न्यूनीकरण के खातिर निरन्तर खटेवाला भईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।