सिपटी बिना के जनता आवासः स्वच्छता अभियान प्रभावित हो सकता

वीरगंज ०२ असाढ

सरकार घर घर मे सिपटी बनावे खातिर प्रोत्साहन करत अईला पर भी पर्सा, बारा आ रौतहट मे जनता आवास कार्जक्रम अन्तर्गत बहुते विपन्न दलित समुदाय के खातिर बनावल गईल घर मे सिपटी ना भईला पर उलोग खुल्ला चौर मे शौच करेमे बाध्य भईल बाडन ।

सरकार के प्राथमिकता मे रहल जनता आवास कार्जक्रम अन्तर्गत प्रदेश नं २ के पर्सा, बारा आ रौतहट के मुसहर, डोम, हलखोर आ मेस्तर जईसन बहुते विपन्न दलित समुदाय के खातिर बनावल गईल घर मे सिपटी ना भईला पर उलोग खुल्ला जगहा मे शौच करेमे वाध्य भईल बाडन । सरकार आर्थिक बरीस २०७३÷०७४ से उ कार्जक्रम लागू कईले बा । ई कार्जक्रम अन्तर्गत पर्सा मे रु ७ करोड बजेट विनियोजन करके एक हजार घर बनावे लागल बा । उ मेसे आठ सय २५ घर लक्षित वर्ग के हस्तान्तरण कईले बा आ एक सय ७५ घर के निर्माण अन्तिम चरण मे पुगल बा ।

एहितरे ई कार्जक्रम अन्तर्गत बारा मे रु ६ करोड ६४ लाख रकम विनियोजन भईल बा । विनियोजित रकम से एक हजार घर बनावे के लक्ष्य लेहला मे अभी तक सात सय ५० घर लक्षित समुदाय के हस्तान्तरण कईले बा आ दु सय ५० घर निर्माण करेके बाँकी बा । एहितरे ई कार्जक्रम अन्तर्गत रौतहट के खातिर विनियोजित रु १४ करोड ७० लाख के लागत मे एक हजार ६६३ घर बनावे के लक्ष्य लेहला मे अभी तक २१३ घर लक्षित परिवार के हस्तान्तरण कईले बा । बाँकी एक हजार ४५० घर के निर्माण काम अन्तिम चरण मे पुगल शहरी विकास तथा भवन निर्माण डिभिजन कार्यालय वीरगंज जनवले बा ।

रु २ लाख १४ हजार के लगानी मे प्रति दलित परिवार के २२ फिट लम्हर आ १४ फिट चौडाइ भईल क्षेत्रफल मे दु गो रहेवाला कोठरी आ एागे भान्सा कोठरी सहित के आवास बना देवेके सरकार के योजना रहला पर भी सिपटी घर ना भईला के बाद उलोग खुल्ला चौर, खोला तथा नदी किनार मे शौच करेमे बाध्य भईल शहरी विकास तथा भवन निर्माण डिभिजन कार्यालय वीरगंज के प्रमुख राजेन्द्र साह बतवनी ।

नेपाल सरकार के अनुदान अन्तर्गत लक्षित वर्ग के खातिर बने लागल उ घर समय मे बने ना सकला पर उलोग आउर जगहा मे आश्रय लेके कष्टकर जीवन वितावे मे वाध्य बाडन । घर ना भईल दलित परिवार के आश्रय देवेके उद्देश्य से नेपाल सरकार से लियावल उ कार्जक्रम अन्तर्गत लक्षित वर्ग से बसोबास करत आईल पुराना घर भसकावल आ दोसर ओरी नयाँ घर भी बने ना सकला से उलोग बिचल्ली मे पडल बाडन । प्रदेश नं. २ सरकार आर्थिक बरीस २०७८÷०७९ के नीति तथा कार्जक्रम मे स्व महेन्द्र नारायण निधि आवास योजना के खातिर रु २० करोड रकम विनियोजन कईले बा । ई अन्तर्गत ६४० गरिब तथा विपन्न परिवार के खातिर आवास के व्यवस्था करेके उल्लेख बा ।

उ आवास कार्जक्रम अन्तर्गत निर्माण भईल जनता आवास मे सिपटी ना भईल बारेमे जिज्ञासा राखला पर प्रदेश नं २ नेपाली कांग्रेस के संसदीय दल के नेता तथा नवनियुक्त भौतिक पूर्वाधारमन्त्री रामसरोज यादव उ घरमे सिपटी ना भईल बारेमे मन्त्रिपरिषद् मे आवाज उठावेके बतवनी ।

उ आवास कार्जक्रम अन्र्तगत निर्माण भईल आ निर्माण होखेके बाँकी रहल घरसब मे सिपटी ना भईला पर प्रदेश नं २ सरकार से लियावल मुख्यमन्त्री स्वच्छता अभियान प्रभावित होखेके जानकारलोग बतवनी । ई अभियान के निरन्तरता देत प्रदेश नं २ सरकार से लियावल २०७८÷०७९ के बजेट मे ३१ करोड रकम विनियोजन कईले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।