जसपा सर्वसाधारण के बिना जानकारी देहले अख्तियार विरुद्व के प्रदर्शन मे उतरलख

जनकपुरधाम १७ कुवार
धनुषा के सबैला नगरपालिका के चन्देश्वर महरा जनता समाजवादी पार्टी (जसपा) के झण्डा लेके जनकपुरधाम के पिडारी चोक मे बईठल रहलन । रेल्वे स्टेशन से जसपा से निकालल जुलुस मे सहभागी होके नगर परिक्रमा कईल महरा नेतालोग भाषण कररहला पर एगो कोना मे बईठल रहलन ।
थकित मुद्रा मे देखल गईल महरा के हमनी पुछनी – कहाँ आईल बानी ? उ कहलन, ‘जुलुस मे ।’ केकर आ कईसन जुलुस ह ? कहके पुछला पर एकरा बारेमे अनविज्ञता जनवले रहलन ।
पार्टी के झण्डा पकड के नेतालोग के भाषण सुन रहल लक्ष्मीनियाँ गाँवपालिका–१ सिनुरजोडा के रामएकवाल मण्डल आ झगडु मण्डल के भी कउन कार्जक्रम ह जानकारी ना भईल । ‘जुलुस मे त अईनी, माकिर काथि के जुलुस ह उ जानकारी ना भईल,’ दुनु कहनी । गाँव के नेतालोग जाएके पडि कहला पर खुदसब आईल उलोग बतवलन ।
अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग मुख्यमन्त्री के कार्यालय मे छापा मार के ‘बेटी बढाऊ बेटी बचाऊ’ अभियान अन्तर्गत किलास ८ के लइकीलोग के साइकल वितरण कईल सम्बन्धी कागजात नियन्त्रण मे लेहला के बाद जसपा एतवार के दिने धनुषासहित प्रदेश २ के आठ गो जिल्ला सदरमुकाम मे प्रदर्शन कईले बा । प्रदेश २ के अस्थायी राजधानी भी रहल जनकपुरधाम मे आयोजना कईल प्रदर्शन मे गाँव–गाँव से सर्वसाधारण के लियावल गईल बा । दलित समुदाय के बुढ आ जनानी के ट्याक्टर मे लोड करके जनकपुरधाम मे लिअईला पर उलोग कउन कार्जक्रम मे खुदसब के लियावल गईल बा कहके जानकारी भी मिलल नईखे ।
अख्तियारविरुद्व जसपा से आयोजना कईल कार्जक्रम मे सहभागी होखे खातिर उलोग अईला पर भी पार्टी के नाम भी जानकारी नईखे । सपही के गयाराम यादव खुद राजपा के जुलुस मे सहभागी भईल बतवनी ।
बनिगामा के रामकरण दास मधेशी पार्टी के जुलुस भईल बतवनी । ‘मधेशी के अधिकार के खातिर आन्दोलन बा कहके हमरा के लियावल गईल बा,’ दास कहनी । दास सवार रहल ट्याक्टर मे बईठल अधिकांश जनानी मधेशी के अधिकार ना देहला से खुदसब आन्दोलन करे आईल बतवनी । बनिगामा के १५ बरीस के लईका सुनिल यादव भी जसपा के प्रदर्शन मे सहभागी रहलन । उ खुद नेपाली कांग्रेस के प्रदर्शन मे आईल बतवनी ।
जसपा अख्तियारविरुद्व के प्रदर्शन के बडका देखावे खातिर गाँव–गाँव से जनता उतरले बाडन । अधिकांश दलित समुदाय के बुढ आ जनानी के ट्याक्टर मे लोड करके जनपुरधाम लियावल मिलल बा ।
ट्याक्टर के साथे जीप आ मोटरसाइकल मे आईललोग अख्तियारविरुद्ध जसपा से कईल प्रदर्शन मे सहभागी भईल बाडन । प्रदर्शन मे प्रदेश के पूर्व राज्यमन्त्री सरोज सिंहसहित अनेकन स्थानीय तह के जनप्रतिनिधि के भी सहभागिता रहल रहे । रेल्वे स्टेशन से निकालल विरोध जुलुस भानु चोक, जनक चोक, मुरली चोक, रमानन्द चोक, जानकी मन्दिर होत पिडारी चोक मे जाके कोणसभा मे परिणत भईल रहे । कोणसभा के वक्तालोग अख्तियार मुख्यमन्त्री कार्यालय मे छापा मार के गल्ती कईल बतवनी ।





