आइसिपी गेटसे ट्रक पुलिस के नियन्त्रणमे

वीरगञ्ज ३१ असार
पर्सा पुलिस बिल बिजक से अधिका कपड़ा से भरल ट्रक जब्त कइले बा।
जानकारी के आधार पर जिला प्रहरी कार्यालय पर्सा, वीरगंज महानगरपालिका वडा नं. २५ आईसीपी गेट स्थित सड़क खंड से नियंत्रणमें लिहल गइल।
जिला पुलिस के मुताबिक, बिल विजक से जादे दवाई अवुरी खुदरा सामान लेके जात एगो मालवाहक ट्रक काठमांडू जाए के राह में आवे के सूचना के आधार पर तैनात पुलिस टीम शुक के ८ बी ३९६८ नंबर के मालवाहक ट्रकके रुक के जांच कईलस।
बतावल जाता कि पुलिसके ओर से जब्त ट्रक अवुरी कपड़ा के कीमत ५६ लाख ५८ हजार १८६ रुपयाके रहे अवुरी आगे के जांच अवुरी जरूरी कार्रवाई खातिर एतवार के राजस्व अनुसन्धान कार्यालय पथलैया बारा के सौंप दिहल गईल।






