बिपी कोइराला के ४१ वाँ स्मृति दिवस मे कांग्रेस बृक्षारोपण करी

वीरगंज ०३ सावन
नेपाल के प्रथम जननिर्वाचित प्रधानमन्त्री विश्वेश्वरप्रसाद कोइराला के ४१ वाँ स्मृति दिवस के अवसर मे नेपाली कांग्रेस पर्सा जिल्लाभर मे १५ हजार पौधा रोपेके जनवले बा ।
नेपाली कांग्रेस के संस्थापक नेता स्व. विश्वेश्वरप्रसाद कोइराला के स्मृति दिवस मनावे खातिर बितल असाढ ११ गते नेपाली कांग्रेस पर्सा के जिल्ला कार्य समिति के बईठक से सप्ताह व्यापी कार्जक्रम अन्र्तगत सावन ६ गते पर्सा जिल्ला के सभी वार्ड मे १५ हजार पौधा रोपेके निर्णय कईल कांग्रेस पर्सा के उपसभापति रामनारायण कुर्मी बतवनी ।
बुध के दिने पार्टी कार्यालय मे भईल भेला से हरेक वार्ड मे कम्ति मे १ सय से बेसी पौधा रोपेके कार्जक्रम रहल उप–सभापति कुर्मी बतवनी ।
साथे सावन ७ गते से हरेक वार्ड मे संगठन सुदृढिकरण अभियान चलावेके तथा संगठन सुदृढिकरण अभियान सावन महिना भर चलेके, जउना मे हरेक वार्ड मे अगुवा कार्यकर्ता भेला करेके, वार्ड कार्य समिति के कार्यालय स्थापना करेके, वार्ड कार्यसमिति के नियमित बईठक करेके र्जइसन निर्णयसब भईल उप–सभापति कुर्मी बतवनी ।
सप्ताह व्यापी कार्जक्रम के खातिर हरेक वार्ड मे जिल्ला प्रतिनिधी खटावल कांग्रेस पर्सा के सभापति जनार्दन सिंह क्षेत्री बतवनी । कांग्रेस जिल्ला सभापति क्षेत्री के सभापतित्व मे भईल अगुवा कार्यकर्ता भेला मे जिल्ला उपसभापतिद्वय रामनारायण कुर्मी आ अशोक गुप्ता, जिल्ला सचिवद्वय दिनेश चौधरी, वीरगंज महानगरपालिका के उपमेयर इम्तियाज आलम, सह–सचिव नवीन सिंह, कोषाध्यक्ष प्रेम बहादुर थापा, जिल्ला सदस्य श्याम कुमार पोखरेल, धु्रव नेपाल, प्रकास कुमार उपाध्याय, श्याम पटेल, द्वारिका महतो, जितेन्द्र ढकाल, जगत राउत कुर्मी, माधव प्रसाद राउत, फजिल मिया, शैलेन्दर कुमार यादव, गमहिरा साह, बिजय गौरो, सबनम खातुन लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






