मिडिया आ मिडियाकर्मी मजबुत भईला पर मात्र लोकतन्त्र मजबुत होखी : प्रदेश सांसदलोग

वीरगंज ३१ भादो
द एशिया फाउन्डेशन के आयोजना मे मधेस प्रदेश के सञ्चार नीति निर्माण के खातिर एतवार के दिने वीरगंज मे सुझाव संकलन कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
मधेस प्रदेश के प्रदेश सभा सदस्यलोग नेपाल मे भईल हरेक राजनीतिक आन्दोलन मे सञ्चारमाध्यम आ सञ्चारकर्मी के भूमिका अग्रपंक्ती मे रहल माकिर सञ्चारमाध्यम आ सञ्चारकर्मी के अधिकार सम्पन्न बनावेके सवाल मे सरकार आ राजनीतिक दललोग अंकुश लगावल दुःखद भईल बतवले बाडन ।
कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि प्रदेश सभा सदस्य प्रमोद जयसवाल मिडिया आ मिडियाकर्मी मजबुत भईला पर मात्र लोकतन्त्र भी मजबुत होखेके बतवले बानी । उ कहनी, ‘मिडिया मजबुत भईला पर मात्र नागरिक समाज मजबुत हो सकता । नागरिक समाज मजबुत भईला पर मात्र लोकतन्त्र भी मजबुत हो सकता ।’
मधेस के मिडिया क्षेत्र के सशक्त बनावे खातिर मधेस प्रदेश सरकार के प्रयास मे कमी देखल गईल टिप्पणी करत उ अभी मधेस के मिडिया आ मिडियाकर्मी आर्थिक संकट मे बाडन । जउन हमनी राजनीतिककर्मी के खातिर भी दुःख के बात ह । एकरा के मधेस प्रदेश सरकार गम्भिरता के साथ लेवेके बात मे जोड देहनी ।
उ सञ्चारकर्मी भी स्वतन्त्र होखेके बात मे जोड देत पत्रकार भा मिडिया हाउस कउनो भी दल के मुखपत्र भा भातृसंगठन जईसन ना बनेके चाहिं कहनी । स्वतन्त्र आ निष्पक्ष पत्रकारीता पत्रकार से करेके चाहिं ।
एहितरे प्रदेश सभा सदस्य श्याम पटेल नेपाल मे हरेक राजनीतिक आन्दोलन मे मिडिया के भूमीका अग्रपंक्ती मे रहल बतवनी । ‘जदि मिडिया ना रहित आ पत्रकार साथ ना देहतन त कउनो भी आन्दोलन सफल ना होखित । माकिर पत्रकार के अधिकार देवेके समय सरकार आ राजनीतिक दल से अंकुश लगईहन त उ बहुते दुःखद होखी कहके बतवनी ।’ लोकतन्त्र अभी फेनु खतरा मे परल टिप्पणी करत पटेल कहनी, ‘लोकतन्त्र के बँचावे खातिर फेनु आन्दोलन करेके अवस्था आवत बा । उ समय फेनु मिडिया के जरुरत पडि । मधेस प्रदेश मे सञ्चारमैत्री मिडिया विधेयक लियावे खातिर प्रदेश सभा मे हमर सशक्त भूमीका रहेके प्रतिबद्धता भी जनवनी ।
कार्जक्रम मे प्रदेश सभा सदस्यलोग विणा शर्मा आ लक्ष्मी देवी भी सञ्चारमैत्री मिडिया विधेयक निर्माण के खातिर हम सकेभर सहजोग करेके प्रतिबद्धता जनवले रहनी ।
नेपाल पत्रकार महासंघ मधेस प्रदेशका अध्यक्ष राजेश कर्ण के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे आम सञ्चार प्राधिकरण मधेस प्रदेश के अध्यक्ष श्यामसुन्दर यादव, मधेस मिडिया काउन्सिल के कार्यवाहक अध्यक्ष कैलाश दास, नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाख के अध्यक्ष अनुप तिवारी लगायत बारा, पर्सा के सञ्चारकर्मीलोग आपन आपन सुझाव देहले रहनी ।






