चुकन्दर सहित के भ्यान पकडाईल
चुकन्दर सहित के भ्यान पकडाईल

वीरगंज १३ फागुन
बिल बिजक से बेसी परिमाण मे चुकन्दर लादल आशंका मे पुलीस वीरगंज से एक पिकअप के नियन्त्रण मे लेहले बा ।
शनिचर के रात करिब साढे ९ बजे के समय मे वीरगंज से काठमाण्डु ओरी जा रहल प्रदेश ३– ०१–०२४ च ३५८९ नम्बर के मालवाहक पिकअप के पुलीस वीरगंज– १४ गण्डक चोकस्थित सडक खण्ड मे रोक के नियन्त्रण मे लेहले रहे ।
चेकजाँच करेके समय मे बिल बिजक से बेसी चुकुन्दर लोड रहल तथा विल बिजक शंकास्पद देखल गईला से करिब ३४ हजार ८ सय रोपेया बराबर के चुकुन्दर नियन्त्रण मे लेके आउर अनुसन्धान तथा जरुरी कारवाही के खातिर एतवार के दिने राजश्व अनुसन्धान कार्यालय पथलैया, बारा मे बुझावल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता डिएसपी कुमार विक्रम थापा जानकारी देहनी ।






