फतुवाबिजयपुर के शिक्षकलोग के धर्ना कार्जक्रम स्थगित
फतुवाबिजयपुर के शिक्षकलोग के धर्ना कार्जक्रम स्थगित

रौतहट ४ चईत
फतुवाबिजयपुर नगरपालिका अन्तर्गत के शिक्षकलोग लम्हर समय से तलब ना मिलला के बाद सुरु कईल धर्ना के कार्जक्रम एतवार से स्थगित भईल बा । नगरपालिका आ आन्दोलनरत शिक्षकबीच सहमति भईला के बाद चार दिन से जारी धर्ना के कार्जक्रम स्थगित भईल बा ।
रौतहट क्षेत्र नं. ३ के प्रदेश सांसद सुनिल यादव के पहल मे नगरपालिका के कार्यवाहक नगर प्रमुख अम्बेया खातुन, प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत सुरेन्द्र प्रधान आ आन्दोलनरत शिक्षकबीच होली पर्व से पहिले सभी शिक्षक तथा कर्मचारीलोग के तलव उपलब्ध करावेके सहमति भईल बा ।
फागुन २९ गते से नगरक्षेत्र अन्तर्गत के ३२ विद्यालय के शिक्षा, कर्मचारी आ आउर क्षेत्र के कर्मचारी करके ३५० जने बितल सावन से अभी तक तलब ना मिलला के चलते उलोग निरन्तर धर्ना देत आईल रहलन । शिक्षकलोग धर्ना मे बईठला के बाद ३२ गो विद्यालय के किलास १ से ९ तक के वार्षिक परीक्षा एतवार के १ दिन स्थगित भईल शिक्षक खरेल जानकारी देहनी । ‘सोमार से सभी विद्यालय मे परीक्षा संचालन करेके आ छुटल विषय के अन्तिम मे परीक्षा लेवेके सहमति भईल बा, ‘उ कहनी, ‘तलब के चलते बेर÷बेर आन्दोलन करेमे बाध्य रहत आईल बानी । अब ओईसन ना होखो कहके अपेक्षा बा ।’






