उद्योगी÷व्यवसायी के निफिकिर होके उद्योग धन्दा तथा व्यापार करेके वातावरण बनी : गृहमन्त्री लामिछाने
उद्योगी÷व्यवसायी के निफिकिर होके उद्योग धन्दा तथा व्यापार करेके वातावरण बनी : गृहमन्त्री लामिछाने

वीरगंज २९ चईत
उपप्रधान तथा गृहमन्त्री रवि लामिछाने राजश्व चुहावट पूर्णरूप मे नियन्त्रण करके देश के राजश्व संकलन मे वृद्धि करे खातिर अभी सरकार लागल बतवले बानी ।
वीरगंज मे बियफे के दिने गृहमन्त्रालय आ अर्थमन्त्रालयद्वारा आयोजना कईल राजश्व अभिवृद्धि तथा चुहावट निन्त्रण सम्बन्धी गोष्ठी मे बोलत उपप्रधानमन्त्री लामिछाने राजश्व चुहावट पूर्णरूप मे नियन्त्रण के खातिर राजश्व संकलन मे देखल गईल चुनौतीसब के सामना करे खातिर सरकार तईयार रहल भी उ बतवनी । राजश्व चुहावट पूर्णरूप मे नियन्त्रण के खातिर सरकार सँगे प्रहरी प्रशासन आ निजी क्षेत्र के भी ओतने भूमिका रहल उ बतवनी ।
पिछिलका समय देश के उद्योग व्यवसाय के क्षेत्र भी बहुते राजनीति के सिकार भईल कहत उ राज्य के कर तिरके व्यापार व्यवसाय करेम कहेवाला भी त्रसित बनल बतवनी । उ कहनी, ’एकरा अलावा उद्योगी व्यापारी बहुते ब्याज से मुस्किल मे बाडन । कर तिरेवाला प्रणाली भी झन्झटिलो बा । ई सब कारण से उद्योगी व्यापारीलोग पेसा से पलायन होखेके अवस्था मे भी पुगल बाडन ।’
इहे चुनौती आ समस्या समाधान के खातिर अब त केहु ना केहु के हिम्मत करेके पडि कहके उदेश्य से पिछिलका सत्ता समीकरण आ सरकार गठन भईल लामिछाने बतवनी । उ कहनी, ‘उ सभी समस्या समाधान कईल जा सकता कहके हि नयाँ सत्ता समीकरण आ सरकार बनल बा । ई सरकार से उ सभी काम भी करी ।’
गृहमन्त्री लामिछाने उद्योगी÷व्यवसायी के निफिकिर होके उद्योगधन्दा तथा व्यापार करेके वातावरण के व्यवस्था करेके बतवनी । राजश्य चुहावट रोकके राजश्व संकलन वृद्धि के खातिर जदि राज्य के नीति आ कानुन अव्यवहारिक भा गलत बा त ओकरा के संशोधन करके सरकार अगाडि बढेके उपप्रधानमन्त्री लामिछाने बतवनी । एकरा साथे सुरक्षा निकाय भी वैध व्यापार व्यवसाय करेवाला के खातिर सहज वातावरण बनावेके उ बतवनी ।
गृहमन्त्री लामिछाने कहनी, ‘गृह प्रशासन कउन बात मे स्पष्ट बा कि गलत क्रियाकलाप ना करके राज्य के कर तिरके वैध व्यापार व्यवसाय कर रहल हरेक व्यापारी व्ययसायी के पक्ष मे पुलीस प्रशासन बा । जे कर चोरी नईखन करत । वैध व्यापार कर रहल बाडन । तस्करी नईखन करत । राज्य के तिरेवाला कर तिर रहल बाडन । ओईसन व्यापारी व्यवसायीलोग केहु से डराएके अवस्था अब ना रही । उलोग के संरक्षण करे खातिर प्रहरी प्रशासन तईयार बा ।’
वैध व्यापार व्यवसाय कर रहल उद्योगी भा व्यापारी के दुःख देवेवाला काम प्रहरी प्रशासन से भईल मिलला पर कारबाही करेके चेतावनी भी देहनी ।
कार्जक्रम मे गृह मन्त्रालय के सचिव एकनारायण अर्याल राजस्व चुहावट तथा अवैध भन्सार छली लगायत के गतिविधि रोके खातिर छोटी भन्सार खुलावेके तईयारी कर रहल बतवनी ।
गृहसचिव अर्याल भन्सार क्षेत्र मे होखेवाला अवैध तस्करी तथा ठगी के गतिविधि से प्रशासन संयन्त्र के बद्नाम कर रहला से भी ओकरा ओरी गम्भीर होके काम करे खातिर प्रशासन प्रमुख तथा प्रहरी प्रमुख के निर्देशन देहनी ।
अर्थ मन्त्रालय के अर्थसचिव कृष्णहरि पुस्कर राजस्व चुहावट तथा चोरी तस्करी नियन्त्रण करे खातिर सुरक्षा निकाय आ प्रशासनिक निकायबीच संयुक्त अनुगमन तथा मोनिटरिङ करेवाला प्रणाली के विकास करे खातिर सरोकारवाला निकाय के निर्देशन देहले बानी । अर्थसचिव पुस्कर वीरगंज के प्रतिष्ठित उद्योगी व्यवसायी से कारोबार कईला पर बिल लेवेके आ देवेवाला प्रणाली के भी विकास करे खातिर सुझाव देहले बानी । गृह आ अर्थ मन्त्रालयद्वारा वीरगंज मे आयोजना कईल राजस्व अभिवृद्धि तथा चुहावट नियन्त्रण सम्बन्धी गोष्ठी मे दु चरण के छलफल कईल रहे । पहिलका चरण मे वीरगंज मे रहल भन्सार कार्यालय, आन्तरिक राजस्व कार्यालय, जिल्ला प्रशासन कार्यालय आ जिल्ला मे रहल सुरक्षा निकाय सो सम्बन्धित निकाय से राजस्व चुहावट के विषय मे छलफल कईल रहे । दुसरका चरण मे वीरगंज उद्योग वाणिज्य सङ्घ लगायत के निकाय मे आवद्ध उद्योगी÷व्यवसायी से भी छलफल कईल रहे ।






