वीरगंज नाका के मितेरी पुल से अत्याधुनिक पेस्तोल सहित युवक पकडईलें
वीरगंज नाका के मितेरी पुल से अत्याधुनिक पेस्तोल सहित युवक पकडईलें

वीरगंज २५ बैशाख
वीरगंज–रक्सौल नाका के मितेरी पुल से दु थान स्वचालित (अटोमेटिक) पेस्तोल सहित एक नेपाली युवक पकडाईल बाडन । भारतीय सीमा सुरक्षा बल (एसएसबी) मितेरी पुल से सोमार के दिने नवलपरासी के रजहर के २५ बरीस के मनोज महर्जन के दु थान पेस्तोल सहित पकडले बा ।
उनकर साथ से मेड इन युएसए लिखल ९ एमम के पेस्तोल १ थान आ मेड इन जर्मनी लिखल ९ एमएम के पेस्तोल १ थान तथा १ थान म्याग्जिन बरामद कईल एसएसबी के सहायक कमान्डेट गुलाब कुमार चौधरी जानकारी देहनी ।
दु थान अटोमेटिक पेस्तोल आ एक थान म्याग्जिन सहित महर्जन के पकडल गईला पर भी उनकर साथ मे रहल नवलपरासी के विवेक मल्ल ठकुरी फरार भईल चौधरी बतवनी ।
चौधरी के मुताविक, भारत मे जारी लोकसभा निर्वाचन के समय नेपाल से दु जने आदमी हथियार सहित रक्सौल प्रवेश करे लागल पूर्व सूचना एसएसबी के मिलल रहे । उहे सूचना के आधार मे सोमार के दिने मितेरी पुल मे खटल एसएसबी दु जने नेपाली शंकास्पद अवस्था मे पैदल रक्सौल ओरी जा रहल अवस्था मे रोकके जाँच करेके खोजला पर महर्जन आ ठकुरी डंकन हस्पिटल रोड ओरी भागल रहलन ।
उ समय मे उलोग खुन सँगे रहल हथियार सडक किनार के झाडी मे बिगले रहलन । उ मेसे महर्जन के पकडेमे सफल भईला पर भी ठकुरी फरार भईला से पकडे ना सकल आ उनकर खोजी हो रहल चौधरी बतवनी ।
पेस्तोल सहित पकडाईल महर्जन के पुलीस थुना मे राखके अनुसन्धान हो रहल कहत चौधरी, ‘उलोग कउन नियत से भारत प्रवेश करेके खोजले रहलन ? ओकरा कारण अभी तक खुले सकल नईखे । ई बारे मे नेपाल प्रहरी से समन्वय करके अनुसन्धान हो रहल बा ।’






