सामाजिक सञ्जाल के फायदा आ बेफायदा विषयक वक्तृत्वकला प्रतियोगिता मे सनलाइट के प्रतिभा काफ्ले जितली

वीरगंज १० फागुन, वीरगंज के अनमोल पार्टी प्यालेस मे स्टडी इन्टरनेशनल के आयोजना मे “आवाज – द भ्वाइस अफ टुमोरो” नामक सामाजिक सञ्जाल के फायदा आ बेफायदा विषयक वक्तृत्वकला प्रतियोगिता पुरा भईल बा ।
विद्यार्थीलोग के विचार आ बौद्धिक क्षमता परीक्षण करे खातिर आयोजना कईल प्रतियोगिता मे प्रथम सनलाइट स्कुल मे अध्ययनरत प्रतिभा काफ्ले भईली । सहभागी विद्यार्थीलोग मेसे उत्कृष्ट प्रदर्शन कईल उनका के १० हजार रोपेया नगद, ट्रफी आ मेडल से सम्मानित कईल आयोजक जनवले बा ।
एहितरे वीरगंज इन्स्टिच्युट अफ टेक्नोलोजी (बीआइटी) मे अध्ययनरत मिश्ल मोहम्मद दुसरका जगहा हासिल कईनी । उनका के पाँच हजार रोपेया नगद, ट्रफी आ मेडल से पुरस्कृत कईल गईल ।
तिसरका पुरस्कार ग्लोबल बिजनेस कलेज के सौरभ पटेल के मिलल । उनका के तीन हजार रोपेया नगद, ट्रफी आ मेडल से सम्मानित कईल गईल । एहितरे, दर्शकलोग के छनौट मे भी परल प्रतिभा काफ्ले के आउर १ हजार रोपेया नगद, ट्रफी आ मेडल प्रदान कईल गईल ।
प्रतियोगिता के निर्णय करेके जिम्मेवारी स्टडी इन्टरनेशनल प्रमुख कार्यकारी अधिकृत आ संस्थापक अमिन अनवर, रंगराजन चौरसिया आ श्याम विकेश महतो सम्हरले रहनी । उलोग के गहिरो मूल्याङ्कन आ निष्पक्ष निर्णय के आधार मे विजेतालोग के घोषणा कईल रहे ।
सनलाइट इंगलिस सेकेण्डरी स्कुल के आयोजना आ रुटिन अफ वीरगंज बन्द के सह–आयोजना मे भईल प्रतियोगिता मे वीरगंज पब्लिक कलेज, बीआइटी कलेज, श्री नृसिंह मावि, सनलाइट स्कुल, हिमालयन पिरामिड स्कुल आ ग्लोबल बिजनेस कलेज करके वीरगंज के आठ प्रतिष्ठित विद्यालयसब सहभागिता जनवले रहे ।
सहभागी विद्यार्थीलोग आपन वक्तृत्वकला मार्फत सामाजिक सञ्जाल के फायदा आ बेफाइदाबारे गहिरो सोच आ दृष्टिकोण प्रस्तुत कईले रहलन ।
कार्जक्रम के समापन मे आयोजकलोग विद्यार्थीसब के आवेवाला दिन मे अईसन किसिम के कार्जक्रमसब के निरन्तरता देवेके प्रतिबद्धता जनवले रहलन ।






