बहुअरावा आ हर्दिया में रिमा कुमारी यादव के जनसम्पर्क तेज

बहुअरावा आ हर्दिया में रिमा कुमारी यादव के जनसम्पर्क तेज

पर्सा ८ फागुन

पर्सा निर्वाचन क्षेत्र नं. २ के उम्मेदवार रिमा कुमारी यादव आपन चुनावी अभियान के तहत शुक्रवार के दिनो घरदैलो कार्यक्रम जारी रखली। ऊ पर्सागढी नगरपालिका वडा नं. ५ के बहुअरावा आ हर्दिया गाँव में घर-घर जा के मतदाता लोग से भेंट कइली।

घरदैलो के दौरान यादव सीधा जनता से मिल के उनकर गुनासो आ सुझाव सुनली। स्थानीय समस्या के जानकारी लेत ऊ कहलिन कि इलाका के समग्र विकास खातिर शिक्षा, स्वास्थ्य आ खेती-किसानी के पहिला प्राथमिकता देवे के जरूरत बा।

यादव भरोसा दिहली कि गुणवत्तापूर्ण शिक्षा, सुलभ आ सहज स्वास्थ्य सेवा आ आधुनिक कृषि प्रणाली के माध्यम से स्थानीय लोग के जीवनस्तर ऊपर उठावल जाई। ऊ कहली कि विकास खाली वादा से ना, बल्कि ठोस योजना आ कार्यान्वयन से संभव बा।
कार्यक्रम में गोकर्ण पाठक, सिंघासन साह आ पूर्व वडा अध्यक्ष असलम आलम समेत कई नेता लोग सम्बोधन कइलें। ओह लोग संगठन के मजबूत बनावे आ विकास निर्माण खातिर सभे के एकजुट होके आगे बढ़े के अपील कइलें।
घरदैलो कार्यक्रम में स्थानीय बासिन्दा, नेता आ कार्यकर्ता लोग के उल्लेखनीय सहभागिता देखे के मिलल, जहाँ विकास आ परिवर्तन के चर्चा मुख्य विषय

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।