पर्साके पोखरियामे महोबनी पदम विद्यालय में भइल भवन शिलान्यास
पर्साके पोखरियामे महोबनी पदम विद्यालय में भइल भवन शिलान्यास

पोखरिया १ बैशाख
पर्सा — नेपाल–भारत विकास सहयोग के तहत पर्सा जिला के पोखरिया नगरपालिका वडा नं ६ रानीगंज स्थित श्री महोबनी पदम माध्यमिक विद्यालय खातिर नया भवन बनावे के शिलान्यास कार्यक्रम धूमधाम से संपन्न भइल बा।
ई कार्यक्रम भारत सरकार के सहयोग आ पोखरिया नगरपालिका के सहकार्य से होखे जा रहल भवन निर्माण के शुरुआत के रूप में मनावल गइल। कार्यक्रम में वीरगंज स्थित भारतीय महावाणिज्य दूतावास के महावाणिज्य दूत श्रीदेवी सहाय मीना जी आ पोखरिया नगरपालिका के नगर प्रमुख पदमनप्रसाद चौहान जी मिल के संयुक्त रूप से शिलान्यास कइलन।
विद्यालय के नया भवन निर्माण खातिर कुल ७ करोड़ २५ लाख रुपया के बजट तय कइल गइल बा। एह में से ६ करोड़ ५३ लाख रुपया भारत सरकार द्वारा नेपाल–भारत विकास सहयोग कार्यक्रम के तहत देहल जाई, जबकि बाकी ७२ लाख रुपया पोखरिया नगरपालिका उठाई। एह राशि से विद्यालय परिसर में तीन मंजिला आधुनिक भवन बनावल जाई।
कार्यक्रम में बोलत वक्ता लोग कहले कि शिक्षा के विकास खातिर नेपाल–भारत के सहयोग बहुत जरूरी बा। नया भवन बनला के बाद विद्यार्थी लोग के सुरक्षित आ व्यवस्थित माहौल में पढ़ाई करे के बेहतर सुविधा मिली।
एह मौका पर स्थानीय जनप्रतिनिधि, विद्यालय प्रबंधन समिति, शिक्षक–शिक्षिका, विद्यार्थी आ स्थानीय बासिन्दा लोग के अच्छा उपस्थिति रहल। नया भवन से विद्यालय के शैक्षिक आ भौतिक पूर्वाधार मजबूत होखे के उम्मीद जतावल गइल बा।






