जीराभवनी गा.पा. १ मे रहल विद्यालय भवन के उटघाटन

भोटा. संवाददाता
जिराभवानी ०६ माघ,
पर्सा के जिराभवानी गाँवपालिका वार्ड नं. १ मे पडेवाला श्री नेपाल रास्ट्रिय प्रा.वि. बिद्यालय भवानीपुर मे निर्माण भईल दु कोठे भवन के आजु एगो कार्जक्रम के बिच उदघाटन भईल बा । नेपाली काङ्ग्रेस के पर्सा निर्वाचन क्षेत्र ४ (क) के बिधायक शंकरप्रसाद महतो भवन के उदघाटन करत जिराभवानी गाँवपालिका प्रमुख के सभी जनता के दुःख, सुख के अवस्था बुझे खातिर निहोरा कइनी ।
वार्ड नं. १ के अध्यक्ष शेख नुमान आजम के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे जीराभवानी गाँवपालीका के अध्यक्ष रामपृत महतो, स्कूल के प्रधानाध्यापक आनबहादुर श्रेष्ठ, समाजसेवी हरिकिशोर शर्मा, बिद्यालय ब्यास्थापन समिति के अध्यक्ष रुकमीनी देबी लगायत स्थानिय बुद्धिजिवि, स्कूल के शिक्षक, विद्यार्थी, गारजियन लगायत के सहभागीता रहल रहे । आर.आर.एन.सिडि.पि. के बजेट ३, ५९,९०८ के बजेट मे बनल दु गो कोठरी बनल बा ।






