मोटरसाइकल सहित लकडी तस्कर पकडईलें

भोटा. संवाददाता

वीरगंज ०६ माघ

बारा जिल्ला से वन गस्ती टोली ८ घनफिट लकडी सहित एक जने तस्कर के पकडले बा । गस्ती टोली मोटरसाइकल आ साइकल मे वन क्षेत्र से अबैध रुप मे गाछि कटान करके लकडी लिया रहल अवस्था मे २३ बरीस के रमेश चौरी के पकडले बा ।

डिभिजन वन कार्यालय बारा के वन गस्ती टोली कोहल्वी नगरपालिका–६ स्थित सखुई जुगुवा से चौधरी के ना५३प ६०६९ नम्बर के मोटरसाइकल सहित नियन्त्रण मे लेहले रहे । सिसौ के गोलिया २ थान (करिब ८ क्यू फिट), मोटरसाइकल, साइकलन २ थान सहित शनिचर के रात उनका के पकडल गईल डिभिजन वन कार्यालय बारा के वन अधिकृत मंजुर अहमद् जानकारी देहनी ।

काठ ढुवानी काम मे संलग्न आउर ३ जने गस्ती टोली के देखते मातर भागेमे सफल भईल रहलन । गस्ती टोली पुस २१ गते निर्मानाधीन निजगढ अन्तर्राष्ट्रिय विमानस्थल क्षेत्र मे पडेवाला राष्ट्रिय वन भितर के टाँगियावस्ती से बडका परिमाण मे लकडी बरामद कईले रहे । घर आ घारी मे लुका के राखल अवस्था मे २५ गो बडका कडी, ३३ क्यिुफिट काठ आ ६ गो गोलाई लकडी बरामद कईले रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।