यातयात कार्यालय पर्सा परिक्षणकालिन कार्ड वितरण शुरु कईलख

वीरगंज ०७ कुवार

प्रदेश २ सरकार भौतिक पूर्वाधार यातायात व्यवस्था कार्यालय सवारी चालक अनुमति पत्र वीरगंज पर्सा आजु से नयाँ सवारी चालक अनुमति पत्र बाहक के परिक्षणकालिन कार्ड वितरण शुरु कईले बा । यातायात व्यवस्था कार्यालय सवारी चालक अनुमति पत्र वीरगंज के प्रमुख शुशिल कुमार साह के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि प्रमुख जिल्ला अधिकारी पिताम्बर घिमिरे ५ जने सेवाग्राही के उ कार्ड बाँटके सुरुवात कईले बानी ।

कार्जक्रम मे प्रजिअ घिमिरे अब बेसी भिड होखेवाला जगहासब जिल्ला प्रशासन कार्यालय, यातायात व्यवस्था कार्यालय, मालपोत कार्यालय आ जिल्ला प्रहरी कार्यालय रहला से सेवाग्राहीलोग के कईसे जलदी आ सहज सेवा देहल जा सकता ओमे खुद लागल बतवनी । उ ई कार्यालय मे होखेवाला गलत गतिविधि करेवाला विचौलियालोग के कार्यालय मे प्रवेश रोक लगावेके आ ओईसन आदमी मिलला पर तुरुन्त कारवाही करे खातिर प्रजिअ घिमिरे निर्देशन देहनी ।

नेपाल सरकार अब सवारी चालक अनुमति पत्र स्मार्ट लाइसेन्स वितरण करेवाला भईला से नक्कली आ सक्कली पहिचान करेमे सहजोग पुगेके प्रजिअ घिमिरे बतवनी ।

कार्जक्रम मे प्रदेश नं. २ के ट्राफिक उपरिक्षक हिमालय कुमार श्रेष्ठ, जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी उपरिक्षक बेल बहादुर पाण्डे, ट्राफिक प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रमुख सुमन कार्की, नेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश नं. २ के महासचिव श्याम बन्जारा लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।