जरुरत पूरा होखेके सहायता स्वीकारल जाँव ः सहमहामन्त्री महत

समाचार एजेन्सी

कास्की, ६ माघ

नेपाली काँग्रेस के सहमहामन्त्री एवं पूर्वमन्त्री डा प्रकाशशरण महत देश के जरुरत आ स्वार्थ पूरा होखेमे सहजोग आ सहायता स्वीकार करेके बतवले बानी । नेपाल प्रेस युनियन कास्की आजु इहाँ कईल पत्रकार सम्मेलन मे उ अमेरिकी सहजोग कार्जक्रम मिलेनियम च्यालेन्ज कर्पोरेशन (एमसीसी) नेपाली जनता के हित आ जरुरत के पक्ष मे रहला से आपन पार्टी से समर्थन कईल उल्लेख कइनी ।

देश के जरुरत आ स्वार्थ के निश्चित देश सँगे के सम्बन्ध से केतना सुरक्षित कर सकता कहके परराष्ट्र नीति के मूल विषय रहल चर्चा करत उ कहनी कि, “कउन देश के राजनीतिक प्रणाली कइसन बा कहके उहे देश के सरोकार ह । हमनी के सरोकार देश सँगे के सम्बन्ध ह, उहाँ के राजनीतिक प्रणाली सँगे के सम्बन्ध के बात ना ह ।”

‘यति ग्रुप’ के हाथ मे देश के राष्ट्रिय सम्पत्ति अपारदर्शिरूप मे एक के बाद दोसर तरिका से जिम्मा लगावे के काम भईल कहत उ सरकार के गलत काम के विरोध के पार्टी से तेज बना के लेजाए के आ बढिया काम के समर्थन करेके बतवनी । काँग्रेस के आवेवाला बरीस होखेवाला महाधिवेशन तोकल गईल मिति मे होखेमे पार्टी भितर सहमति भइल बतावत उ सभी विषय मिल चुकला से आवेवाला वर्ष फागुन ७ से १० गते तक महाधिवेशन होखेके उल्लेख कइनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।