अंतरराष्ट्रीय बालुवा कलाकार मधुरेन्द्र कुमार के डा. भीमराव अम्बेडकर राष्ट्रीय सम्मान–२०२५

अंतरराष्ट्रीय बालुवा कलाकार मधुरेन्द्र कुमार के डा. भीमराव अम्बेडकर राष्ट्रीय सम्मान–२०२५

वीरगंज १२ पुस
अंतरराष्ट्रीय ख्याति प्राप्त बालुवा कलाकार मधुरेन्द्र कुमार के कला आ सामाजिक योगदान खातिर डा. भीमराव अम्बेडकर राष्ट्रीय सम्मान–२०२५ से सम्मानित कइल गइल बा। ई सम्मान ग्लोबल आइकन ऑफ इंडिया ई–मैगजिन द्वारा कला आ संस्कृति के क्षेत्र में उल्लेखनीय उपलब्धि खातिर प्रदान कइल गइल।
सम्मान स्वरूप प्रमाणपत्र, पदक आ स्मृति चिन्ह डाक के माध्यम से भेजल गइल। मधुरेन्द्र कुमार बालुवा कला के माध्यम से स्वच्छता, पर्यावरण संरक्षण, राष्ट्रीय एकता आ सामाजिक सद्भाव के संदेश देत आ रहल बाड़ें, जवना से देश–विदेश में भारत आ बिहार के पहचान सशक्त भइल बा।
हाल ही में नालंदा जिला में आयोजित राजगीर महोत्सव में भी उनका उत्कृष्ट बालुवा कला खातिर बिहार सरकार के मंत्रियन द्वारा सम्मानित कइल गइल रहे। ई उपलब्धि के कला जगत आ समाज उनका कठिन साधना आ समर्पण के परिणाम बतावत बा।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।