सशस्त्र पुलीस ४ करोड से बेसी के सामान भन्सार बुझवलख।

वीरगंज ०७ माघ,
सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल नम्बर १४ हेडक्वाटर राजश्व तथा भन्सार गस्ती सुरक्षा गुल्म चालु आर्थीक बरीस के ६ महिना मे पकडल अनेकन ४ करोड से बेसी के सामान भन्सार कार्यालय मे बुझवले बा ।

भन्सार राजश्व गस्ती गुल्म के एरीया मे पडेवाला पर्सा आ बारा के सिमा नाकासब से अवैध रुप मे भन्सार ना तिर के लियावल ४ करोड ७ लाख २१ हजार ७ सय ७६ रोपेया बराबर के अनेकन समानसब बरामद कईल गुल्मपति सशस्त्र प्रहरी नायव उपरीक्षक अमर बहादुर खत्री बतवले बानी ।
खुला सिमा नाका रहला के चलते होखे सकेवाला अपराधीक गतिविधिसब मे नियन्त्रण तथा भन्सार चोरी तस्करी के कडाई के साथे नियन्त्रण के खातिर भन्सार गुल्म से खटल सशस्त्र पुलीस के टोली अनेकन मिति मे बरामद कईल समानसब मे सबसे बेसी पइसा सवारी साधनसब के देखल गईल बा ।

अवैध रुप मे भन्सार ना तिर के तथा बेवारिसे अवस्था मे कागज पत्र ना भईल मिलल २ करोड ३९ लाख ९७ हजार रोपेया मुल्य बराबर के अनेकन सवारी के साधनसब के नियन्त्रण मे लेके भन्सार बुझावल गईल सशस्त्र प्रहरी नायव उपरीक्षक खत्री बतवनी । एहितरे अवैध रुप मे भन्सार चोरी पैठारी करके लियावल ५३ लाख ९५ हजार १ सय २८ रोपेया के लत्ता कपडा, नेपाल मे प्रतिबन्धित भारतीय आ नेपाली रोपेया करके ३६ लाख ३३ हजार २५ रोपेया, हार्डवेयर २० लाख ४२ हजार ९ सय ५० रोपेया, पशु चौपाया १७ लाख ३० हजार रोपेया, किराना १७ लाख १० हजार ८ सय ६४ रोपेया रहल बा ।

एहितरे मोटरपार्टस ७ लाख ७६ हजार २ सय ३० रोपेया, मोबाईल कमप्युटर पार्टस आ टिभी ५ लाख ६८ हजार ३ सय ८५ रोपेया, चाँदी ३ लाख ५२ हजार ६ सय ५१ रोपेया, दवाई २ लाख ५ हजार ५ सय ९८ रोपेया, भाडा वर्तन १ लाख ८० हजार ९ सय ९५ रोपेया, मरिच ७५ हजार ९ सय ५० आ तरकारी से ५३ हजार करके ई आर्थिक बरीस के छव महिना मे एतना बराबर के भन्सारी ना तिर के लियावल सामान पकड के भन्सार दाखीला कईल सशस्त्र प्रहरी नायव उपरीक्षक खत्री बतवनी । १० हजार पीस लागुऔषध एम्पुल बरामद चालु आर्थिक बरीस के सावन महिना से माघ के पहिलका हप्ता तक मे नेपाल मे प्रतिबन्धित लागुऔषध एम्पुल १० हजार पीस बरामद कईल सशस्त्र पुलीस जनवले बा ।

सिमावर्ती भारतीय शहर रक्सौल से अनेकन माध्यम से नेपाल प्रवेश करेवाला अनेकन आदमीसब तथा सवारी के साधनसब के शंका लाग के चेकजाच करेके समय मे चोरालुका के लियावल लागुऔषधहरु डाईजोल्याब ३ हजार ७ सय २ पीस, फेनार्गन ३ हजार ३ सय ९७ पीस, नोर्फिन ३ हजार ४ सय १४ पीस, वीन सिरेक्स ४२ बोतल, ब्राउन सुगर २ ग्राम आ नाइट्राभेट टयाबलेटस ४ सय ३० पीस लागूऔषध सहित पकडाईल आदमीसब के स्थानीय पुलीस के जिम्मा लगावल सशस्त्र प्रहरी नायव उपरीक्षक खत्री बतवनी । चेलीबेटी बेचबिखन ढुवानी मे कडाई तथा विदेशी नागरिक पकड के राजश्व चुहावट नियन्त्रण के मुख्य जिम्मेवारी मिलल सशस्त्र प्रहरी बल सिमा नाका के रक्षा तथा अवैध चोरी पैठारी नियन्त्रण के साथे नेपाल से भारत ओरी होखेवाला चेली बेटी बेचबिखन मे भी कडाई कईला के साथे अनेकन के उद्धार कईले बा ।

एहितरे राहदानी बिना नेपाल प्रवेश करेवाला ४ जने भुटानी नागरिक सहित १ जने तिब्बतीयन नागरिक के पकड के अध्यागमन कार्यालय के जिम्मा लगावल सशस्त्र प्रहरी नायव उपरीक्षक खत्री बतवनी । अनेकन अपराध लागुऔषध ढुवानी, मानव बेच बिखन तथा आउर अपराधीक क्रियाकलाप मे संलग्न ३२ जने के पकडल गईल सशस्त्र पुलीस भन्सार गुल्म जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।