जन जागरण युवा क्लव के कार्जक्रम मे ९ जने जनानी सहित ८० जने कईलें लहुदान
जन जागरण युवा क्लव के कार्जक्रम मे ९ जने जनानी सहित ८० जने कईलें लहुदान

प्रभु यादव
बारा २४ पुस
बारा के कलैया मे जन जागरण युवा क्लव के २६ वाँ वार्षिकोत्सव के अवसर पर ९ जनानी सहित ८० जने लहुदान कईले बाडन ।
भरत चौक पर भईल लहुदान मे कर्मचारी, समाजसेवी, शिक्षक, प्रहरी, पढनियार लईका लईकी, पत्रकार सहित के ९ जने जनानी ७१ जने मर्दाना लहुदान मे सहभागी बनके दान कईल जन जागरण युवा क्लव के मनोज यादव जनकारी करावले बानी । लहुदान कार्जक्रम मे लहु के ग्रुप आ चिनी के लोग चेक जाँच कराकर के ८७ जने सेवा लेहल यादव बतवले बानी ।
आँख चेक शिविर मे दु सय २० जने सेवा लेहलख जन जागरण युवा क्लव के कोषाध्यक्ष सियाराम यादव जनकारी करावले बानी । भरत चौक पर रहल देवकीलाल धर्मशाला मे सञ्चालन भईल आँख चेकजाच मे ३५ जने मोतिया बिन्दु विमारी भेटल जन जागरण युवा क्लव के लक्ष्मी खरेल जनकारी करावले बानी ।
सात हजार मे आँख बनावेला माकिर शिविर मे चेक करावले बा उलोग के तीन हजार मे घर से आतजात से दवाई तक के करेला बतावल जनकारी करावले बानी । लहुदान आ आँख चेक जाँच के प्रमुख अतिथी बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी नवराज सापकोटा उदघाटन कईले रहनी ।
जन जागरण युवा क्लव के अध्यक्ष भैयाराम यादव के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे जसपा के केन्द्रीय राजनिति सदस्य रामकिशोर यादव, नेका के लुकेश सिह, जन जागरण युवा क्लव के उपाध्यक्ष राजदेव साह, सचिव प्रियांका दास लगायत के सहभागिता रहल रहे । लहु संकलन नेपाल रेडक्रस सोसाइटी पर्सा विरंगज के आ किरण आँख अस्पताल विरंगज के स्वास्थ्यकर्मी टोली कईले रहनी । कार्जक्रम जन जागरण युवा क्लव के आयोजना आ भियोस, ईस्लामिक रिलिफ के सहयोग मे कार्जक्रम भईल रहल रहे ।






