नेकपा प्रदेस २ के सदस्य बैठा पूर्वक्ष के खातिर जेल चलान।

वीरगंज ०७ माघ

नेपाल पुलीस मे नोकरी लगा देवेके कहत ठगी कईल आरोप के मुद्दा मे नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी(नेकपा) प्रदेश २ के सदस्य रामबाबु बैठा पूर्पक्ष के खातिर कारागार चालन भईल बाडन ।

पर्सा जिल्ला अदालत के इजलाश नं. ३ के न्याधिश कृष्ण प्रसाद सुवेदी के आदेश से बैठा के पूर्पक्ष के खातिर थुना मे राखेके आदेश भईल पर्सा जिल्ला अदालत वीरगंज के श्रेस्तादार कृष्ण प्रसाद अधिकारी बतवनी ।

नेपाल पुलीस के असई बना देवे खातिर रु ७ लाख घुस लेहल आरोप मे बितल २ महिना से फरार रहल बैठा के काल्हु पुलीस पकड के आजु अदालत मे हाजिर करवले रहे । २०७२ साल मे रौतहट के मौलापुर नगरपालिका वार्ड नं. ७ सगैया निवासी प्रदिप कुमार साह के प्रहरी सहायक निरिक्षक (असई) पद मे नोकरी लगा देवेके कहके बैठा रु ७ लाख घुस लेहल आरोप मे २ महिना पहिले हि मुद्दा दर्ता भईल रहे ।

पिडित साह जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे उजुरी देहला के बाद पुलीस बैठा सहित ३ जने उपर ठगी मुद्दा दर्ता कईले रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।