वीरगंज के जनप्रतिनिधिलोग पानी के समस्या समाधान के खातिर खानेपानी मन्त्री यादव से कईलें निहोरा

वीरगंज १८ सावन
वीरगंज महानगरपालिका के जनप्रतिनिधिलोग वीरगंज मे अभी देखल गईल पानी के समस्या समाधान के खातिर संघीय सरकार के खानेपानी मन्त्री महेन्द्र राय यादव से निहोरा कईले बाडन ।
वीरगंज महानगरपालिका बियफे के दिने आयोजना कईल छलफल कार्जक्रम मे खानेपानी मन्त्री यादव से महानगर के ३२ गो वार्ड के वार्ड अध्यक्षलोग महानगर मे खानेपानी के चरम संकट भईला से तत्काल समस्या समाधान करे खातिर निहोरा कईनी ।
वीरगंज महानगर मे दु हप्ता पहिले से ९० प्रतिशत चापाकल सुखला पर खानेपानी के संकट से महानगरवासी लडरहल बाडन । महानगरपालिका वार्ड वार्ड मे ट्यांकर से पानी वितरण कर रहल बा । माकिर ओकरा से पानी के संकट ना टरला से स्थायी समाधान के खातिर बियफे के दिने वीरगंज मे खानेपानी मन्त्री यादव के बोलाके महानगरपालिका छलफल कार्जक्रम कईले रहे । वार्ड अध्यक्षलोग महानगर के प्रायः सभी चापाकल सुखके महानगरवासी से पिएवाला पानी भी ना मिलला से कोरोना महामारी से भी भयावह अवस्था सिर्जना भईल बतवनी । वीरगंज महानगरपालिका–९ के वार्ड अध्यक्ष जवाहर प्रसाद गुप्ता ‘अईसन भयावह अवस्था त कोरोना महामारी के समय भी ना रहे, एक एक थोपा पानी के खातिर आदमीसब छटपटाईल बाडन, अभी के पानी के संकट से कोरोनाकाल से भी विकराल समस्या भईल बा ।’
वीरगंज–२६ के वार्ड अध्यक्ष शम्भु मिश्रा महानगर मे अभी देखल गईल पानी के संकट समाधान महानगरपालिका अकेले के प्रयास से सम्भव ना भईला से एमे संघ आ प्रदेश सरकार से अग्रसरता लेवेके बतवनी । उ, ‘ट्यांकर से ढोके घरघर मे पानी बाँटल जा रहल बा, रात के १ बजे के बाद मात्र सुते मिल रहल बा ।
मन्त्री यादव समक्ष वार्ड अध्यक्षलोग हरेक वार्ड के सार्वजनिक जगहा मे नेपाल खानेपानी संस्थान के धारा जडान करे खातिर निहोरा कईनी । साथे निजी घर मे संस्थान के धारा जडान करेवाला प्रकृया झन्झटिलो भईला के साथे समय भी बेसी लाग रहला से नगरवासी आउर पीडा मे परल सिकाईत उलोग मन्त्री के सुनवनी । उ चलते संस्थान के धारा जडान प्रकृया सहज आ जली बनावे खातिर उ मन्त्री यादव से निहोरा कईनी ।
वीरगंज महानगर के मेयर राजेशमान सिंह महानगर के ३२ गो वार्ड मेसे २२ गो वार्ड (वार्ड नम्बर १ से १७ आ १९) मे रहल ९० प्रतिशत चापाकल सुखल जानकारी करवनी ।
पानी के हाहाकार से संकट मे परल महानगरबासी के राहत देवे खातिर महानगरपालिका जगहा जगहा मे डिप बोरिङ आ सार्वजनिक धारा जडान करेके साथे ट्यांकर से पानी वितरण कर रहल उ बतवनी । माकिर महानगरपालिका भईल सीमित बजेट आ श्रोत–साधन से होखे ना सकला से एमे संघ आ प्रदेश सरकार से तत्काल अग्रसरता लेवेके उ बतवनी ।
कार्जक्रम मे खानेपानी संस्थान के वीरगंज शाखा प्रमुख निरण महर्जन कार्यालय मे नयाँ धारा जडान करे चाहेवाला सेवाग्राही के चाप अचानक बढला से जनशक्ति के कमी से समस्या भईल बतवनी । हरेक दिन ३० से ४० गो नयाँ धारा जडान कर रहल जानकारी भी देहनी ।
संस्थान के महाप्रबन्धक ईश्वर प्रसाद मरासिनी संस्थान के पाइप लाइन ना बिछावल महानगर के बाँकी १४ गो वार्ड मे पाइप लाइन बिछावे खातिर जरुरी बजेट के व्यवस्थापन करे खातिर मन्त्री यादव निहोरा कईनी । कार्जक्रम मे सहभागी प्रदेश सभा सदस्य श्याम पटेल वीरगंज महानगर सहित पर्सा जिल्ला मे देखल गईल पानी के संकट बारे अभी तक बईठक आ भाषण करेके काम मात्र भईल माकिर समस्या समाधान के खातिर कउनो ठोस पहल होखे ना सकल टिप्पणी कईनी ।
पर्सा क्षेत्र नं. १ के सदस्य प्रदीप यादव केन्द्र सरकार वीरगंज सहित मधेस से अभी भी विभेद कर रहल बतवनी । वीरगंज सहित मधेस मे अभी हो रहल पानी के संकट बारे हम संसद मे बेर बेर आवाज उठईला के साथे प्रधानमन्त्री समेत से भेट करके ध्यानाकर्षण करईला पर भी संघ सरकार समस्या समाधान के खातिर पहल ना कईल सिकाईत कईनी ।
पर्सा क्षेत्र नं. २ के प्रतिनिधि सभा सदस्य अजय चौरसिया अर्थमन्त्री प्रकाशरण महत से भी भेट करके वीरगंज सहित पर्सा जिल्ला मे आईल पानी के संकट समाधान के खातिर जरुरी बजेट व्यवस्थापन करे खातिर निहोरा कईल जानकारी देहनी ।
कार्जक्रम मे मन्त्री यादव मधेस प्रदेश के ‘सुख्खाग्रस्त क्षेत्र’ घोषणा करावेके प्रतिबद्धता जनवनी । पानी के संकट के सब से बेसी सामना कर रहल वीरगंज महानगरपालिका मन्त्रालय के प्रमुख प्राथमिकता मे रहल बतावत मन्त्री यादव उपलब्ध साधन–श्रोत आ बजेट से भ्याए तक महानगर के समस्या समाधान मे हम लागेके बतवनी ।
उ वीरगंज स्थित संस्थान के कार्यालय मे आउर जिल्ला से जनशक्ति बोलाके थप करेके आ अभी उपलब्ध जनशक्ति आ साधन–श्रोत के भरपुर उपयोग करके सेवा प्रवाह करे खातिर कार्जक्रम मे सहभागी संस्थान के अध्यक्ष, महाप्रबन्धक आ शाखा प्रमुख के निर्देशन भी देहनी । उ नयाँ धारा जडान के प्रकृया सहज आ जलदी बनावे खातिर भी संस्थान के कर्मचारी के निर्देशन देहनी ।






