दामन के रिसोर्ट मे बेहोस मिलल ८ जने भारतीय पर्यटक के मृत्यु ।

काठमाण्डु ७ माघ,
मकवानपुर के एभरेष्ट पानोरमा रिसोर्ट मे “नाइट स्टे” के खातिर बईठल ८ जने पर्यटक के मृत्यु भईल बा ।
मंगर के दिने सबेरे होटल मे बेहोस अवस्था मे मिलला के बाद कर्मचारी इलाका प्रहरी कार्यालय, पालुङ के खबर कईले रहे ।
ओकरा बाद अचेत भईल ४ पुरुष आ ४ जनानी सहित ८ जने भारतीय पर्यटक के कैलाश एयर के हेलिकप्टर मार्फत उद्धार करके काठमाण्डु पठावल गईल पालुङ के प्रहरी निरीक्षक विकास तामाङ बतवनी । उ कहनी कि, “इहाँ से हेम्स अस्पताल मे पठावल गईल रहे ।” अस्तपाल के मुताविक आकस्मिक कक्ष मे इलाज के समय मे सभी के मृत्यु भईल बा ।
महानगरीय प्रहरी वृत्त, महाराजगञ्ज के डीएसपी उमेश लम्साल भी अस्पताल स्रोत के उदृत करत बेहोस मिलल सभी विदेशी पर्यटक के मृत्यु भइल बतवनी । “पोष्टमार्टम के खातिर त्रिवि शिक्षण अस्पताल लेजाएके तइयारी हो रहल बा” कहके बतवनी ।
मृत्यु होखेवाला मे ३८ बरीस के रञ्जित कप, ३४ बरीस के इन्द्र, ३७ बरीस के प्रविण, ३२ बरीस के श्री सरीया, ५ बरीस के लइका अभि, ७ बरीस के अर्चना, ५ बरीस के बालक बैष्णव आ ९ बरीस के बद्रा रहल पुलीस जनवले बा । उलोग के पूरा नाम खुलल नइखे ।
प्रारम्भिक अनुसन्धान से कोठरी के झाल, दुवारी बन्द करके हिटर चला के सुतला के चलते उलोग के मृत्यु भईल हो सकेके आशंका कईल गईल बा ।
मृत्यु के कारण पोष्टमार्टम रिपोर्ट के बाद मात्र खुलेके पुलीस के कहनाम बा । नेपाल घुमे खातिर भारत के केरला से १५ जने के समूह नेपाल आईल रहे । उ मेसे २ लइका, २ लइकी, २ जनानी आ २ पुरुष करके ८ जने एगो कोठरी मे सुतल रहलन ।






