वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. ५ पूर्ण खोप घोषणा

वीरगंज १७ असाढ
वीरगंज महानगरपालिका के वार्ड नं. ५ पूर्ण खोप वार्ड घोषणा भईल बा । वीरगंज महानगरपालिका के मेयर विजय कुमार सरावगी एक कार्जक्रम के बीच वार्ड के पूर्ण खोप घोषणा कईले बाडन ।
देव पार्टी प्यालेस मे भईल कार्जक्रम के सम्बोधन करत मेयर सरावगी वीरगंज महानगरपालिका के हि जलदी पूर्ण खोप घोषणा करेके बतवनी । कार्जक्रम मे मेयर सरावगी पूर्ण खोप घोषणा भईला पर भी अब जन्मेवाला लईकालइकी के भी समय मे हि खोप लगावे खातिर निहोरा कईले रहनी ।
वार्ड अध्यक्ष प्रदिप चौरसिया के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे वीरगंज महानगरपालिका के उप मेयर शान्ति कार्की, स्वास्थ्य शाखा प्रमुख अरुण कुमार महतो, खोप शाखा प्रमुख अनिल कुमार सिंह, डा. रोशन अली, डा. निरज कुमार सिंह, डा. आनन्द झा लगायत के सहभागिता रहल रहे ।
कार्जक्रम मे पूर्ण खोप वार्ड घोषणा मे सहजोग करेवाला सभी के सम्मान पत्र से सम्मान भी कईल गईल वार्ड सदस्य सुरज पटेल बतवनी ।






