राष्ट्रियसभा निर्वाचन :- सचेत होके मताधिकार प्रयोग करे खातिर निहोरा

वीरगंज ०८ माघ,
बियफे के दिने होखेवाला राष्ट्रियसभा सदस्य के निर्वाचन मे १४ स्थानीय तह रहल पर्सा मे २८ मतदाता रहल बाडन । प्रमुख जिल्ला अधिकारी जीतेन्द्र बस्नेत सचेत होके आपन मताधिकार के प्रयोग करे खातिर मतदाता से निहोरा कइनी ।

जिल्ला निर्वाचन कार्यालय के जिल्ला निर्वाचन अधिकृत रञ्जीता झा अनेकन राजनीतिक दल के प्रतिनिधि तथा सरोकारवाला निर्वाचन निष्पक्ष, स्वच्छ होखेके बात मे जोड देहनी । प्रदेश नं. २ के आठ जिल्ला मे १०७ प्रदेश सभासदस्य आ २७२ स्थानीय तह के अध्यक्ष, उपाध्यक्ष, प्रमुख, उपप्रमुख करके ३७९ मतदाता रहल बाडन ।

प्रदेश नं. २ मे जम्मा मतभार १० हजार ३२ रहल बा । प्रदेशसभा सदस्य के मतभार पाँच हजार १३६ आ स्थानीय तह के अध्यक्ष, उपाध्यक्ष, प्रमुख, उपप्रमुख के मतभार चार हजार ८९६ रहल बा । सबेरे १०ः०० बजे से मतदान शुरु होके दुपहरिया ४ः०० बजे तक मतदान के समय निर्धारण कईल गईल बा उ मतदान के खातिर प्रदेश के अस्थायी राजधानी जनकपुरधाम स्थित महेन्द्रनारायण निधि सांस्कृतिक केन्द्र मे स्थानीय तह के मतदाता आ प्रदेश सभासदस्य के खातिर अलग अलग मतदान केन्द्र के व्यवस्था मिलावल बतावल गईल बा ।

उ निर्वाचन मे जनानी ओरी एक पद के खातिर नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा) पार्टी के ओरी से तुलसाकुमारी दाहाल आ नेपाली काङ्ग्रेस के ओरी से नगिना यादव के उम्मेदवारी पडल बा । एहितरे दलित सभामुख से एक पद के खातिर नेकपा के ओरी से राधेश्याम पासवान आ समाजवादी पार्टी के ओरी से रामपृत पासवानबीच प्रतिस्पर्धा होखेवाला बा ।

एहितरे अल्पसङ्ख्यक समूह से एक पद के खातिर नेपाली काङ्गे्रस से भोला पञ्जीयार आ राजपा से शेखरकुमार सिंहबीच प्रतिस्पर्धा होखी । आउर समूहअन्तर्गत एक पद के खातिर समाजवाटी पार्टी से अनिरुद्धकुमार सिंह आ राजपा के ओरी से मृगेन्दकुमार सिंह बीच प्रतिस्पर्धा होखेवाला बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।