तस्कर आ पुलीस बिच गोली चलल

भोटा. संवाददाता
जिराभवानी ०८ माघ

पर्सा जिल्ला के पटेर्वासुगौली गाँवपालिका मे गाँजा तस्कर आ सशस्त्र पुलीस बीच काल्हु रात गोली चलल समाचार मे जनावल गईल बा । मकवानपुर के मनहरि से जङ्गल के रास्ता होके पर्सा जिल्ला के पटेर्वासुगौली गाँवपालिका के इदगाह मे आईल गाँजा तस्कर आ सशस्त्र पुलीस बीच गोली चलल जनावल गईल बा ।

रात के करिब ९ बजे के समय मे बोर्डर आउटपोस्ट भिखमपुर से खटल सशस्त्र पुलीस टोली उपर गाँजा तस्करलोग गोली चलईला के बाद जवाफ मे सशस्त्र पुलीस भी तीन राउन्ड गोली चलावल सशस्त्र प्रहरी निरिक्षक निरञ्जन नियाजु बतवनी । उ ८ किलो ४ सय ग्राम गाँजा बरामद कईल जनवले बानी । जङ्गल के रास्ता होके गाँजा तस्करलोग हप्ता मे दु दिन बहुते मात्रा मे गाँजा, चरेस लगायत के लागु औषध लियावेके आ भारत लेजाएके काम के हो रहल पुलीस स्रोत जनवले बा ।

इहे क्रम मे काल्हु रात भी बहुते मात्रा मे गाँजा लिया रहल सूचना के आधार मे सशस्त्र पुलीस पुगला के बाद दुनु ओरी से गोली चलल रहे । गोली चलला के बाद तस्कलोग से एक पोका मात्र पुलीस बरामद करे सकल सशस्त्र प्रनि नियाजु बतवनी । बाकि तस्करलोग लेके भागेमे सफल भईल जनावल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।