नेपाल–भारत सुरक्षा बईठक, सीमा सुरक्षा प्राथमिकता

नेपाल–भारत सुरक्षा बईठक, सीमा सुरक्षा प्राथमिकता

जनकपुरधाम ११ फागुन

भारत बिहार के मधुवनी जिल्ला मे नेपाल के चार जिल्ला आ उहाँ के सुरक्षा अधिकारी बिच सीमा सुरक्षा आ दशगजा अतिक्रमण नियन्त्रण लगायत के विषय मे छलफल भईल बा ।

भारत मे होखेवाला निर्वाचन के लक्षित करके शुक के दिने भईल छलफल मे सीमा मे होखेवाला अपराध के विषय मे बईठक केन्द्रित रहे । बईठक से भारत मे होखेवाला आगामी निर्वाचन मे बोर्डर क्षेत्र मे सुरक्षा तथा नियम मुताविक होखेवाला बोर्डर बन्द जईसन विषय मे छलफल भईल धनुषा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी चक्र पाणी पाण्डे जानकारी देहनी ।

उनका मुताविक सीमा सुरक्षा, क्रस बोर्डर अपराध नियन्त्रण, लागू औषध आ सीमा क्षेत्र मे अवैधानिक दारु नियन्त्रण, मानव वेचविखन नियन्त्रण आ नक्कली नोट नियन्त्रण करेके विषय मे समझदारी भी भईल प्रजिअ पाण्डे के कहनाम बा । ‘छलफल से एकआपस मे समन्वय, शान्ति सुरक्षा आ अपराध नियन्त्रण मे आउर सहजोग होखेके विश्वास लेहल गईल बा,’ उ कहनी ।

बईठक मे नेपाल के सीमावर्ती जिल्लासब सप्तरी, सिराहा, धनुषा आ महोत्तरी जिल्ला के प्रमुख जिल्ला अधिकारी, प्रहरी प्रमुख, सशस्त्र प्रहरी प्रमुख आ राष्ट्रिय अनुसन्धान कार्यालय के प्रमुखलोग के सहभागिता रहल रहे । नेपाल के ओरी से धनुषा के प्रजिअ पाण्डे आ मधुवनी जिल्ला के ओरी से डिस्ट्रिक मेजिष्ट्रेट अरविन्द कुमार बर्मा छलफल के नेतृत्व कईले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।